विज्ञापन

बलिया : बैरिया : श्री सुदिष्ट बाबा पशुमेला के जमीन मामला में जिलाधिकारी द्वारा क्लीन चिट मिलला के बाद विनय सिंह कहले " सत्य परेशान हो सकता पराजित ना"

पशु मेला के जमीन में राजनीतिक विवाद पर जिलाधिकारी बलिया श्री हरि प्रताप शाही जी के कमेटी के जांच रिपोर्ट अईला के बाद विराम लागि गईल। इब्राहिमबाद जमीन विवाद मामला में जिलाधिकारी के जांच रिपोर्ट भइल जारी।
सांसद वीरेंद्र सिंह मस्त के भगिना विनय सिंह के द्वारा जमीन के बैमाना करावे के प्रकरण में जिलाधिकारी विनय सिंह के क्लीन चिट दे देहलन। जांच समिति के रिपोर्ट आयिल के बाद उक्त जमीन पर खारिज दाखिल अउरी क्रय पर लगावल रोक हटा लियाइल। जिलाधिकारी इहो बतावानी कि एक प्रक्रिया में कही कउनो नियम के विरुद्ध काम ना भइल रहल हा अउरी क्रेता जमीन के नामांतरण करा सकेले।
पत्रकार लोगन से बात करत विनय सिंह बतवले कि क्षेत्र के युवा के रोजगार उपलब्ध करावे खतीर कृषि आधारित उद्योग लगावे के योजना बा जवन एक साल में जमीन पर लउके लागी। एकरा अलावा इहो कहले की सत्य परेशान हो सकता पराजित ना। अउरी कहले की  विधायक सुरेन्द्र सिंह पर मानहानी के नोटिस अपना वकील से भेजवा देले बानी कोर्ट खुलते न्यायालय से न्याय के मांग करब।

Post a Comment

0 Comments