विज्ञापन

हर्ष फायरिंग में भोजपुरी गायक गोलू राजा लागल गोली, भइले घायल।

हर्ष फायरिंग में भोजपुरी गायक गोलू राजा लागल गोली, भइले घायल।



हर्ष फायरिंग में भोजपुरी गायक गोलू राजा लागल गोली, भइले घायल।
बलिया जिला गड़वार थाना क्षेत्र के महातमपुर में देर रात करीब 11 बजे एगो कार्यक्रम के दौरान भोजपुरी गायक अउरी अभिनेता गोलू राजा के गोली लागि गईल। बतावल जाता भाजपा नेता के घर हो रहल जन्मदिन के कार्यक्रम में हर्ष फायरिंग के दौरान बांह में गोली लागि गईल। घटना के बाद घायल गोलू को इलाज खतीर मऊ ले गईल गउवे, बाकी ओहिजा इलाज के सुविधा ना मिल सकल त उनकर सहयोगी उनकरा के लेके बक्सर चली गइल लोग। हर्ष फायरिंग में गोली लागे के लगातार दूसरा दिन जिला में घटना सामने आईल बा।
एह घटना के बाद उहवाँ चारों तरफ अफरा-तफरी मच गईल। फायरिंग करे वाला मौका से फरार होखे लागल लोग। 

रउरा सभे के बाता दिहल चाहतानी कि अतवार के भी बहेरी में हर्ष फायरिंग के दौरान एगो किशोर के गोली लागि गईल। लगातार दूसरा दिन अइसन घटना सामने आईल बा। 


एह घटना पर गड़वार थनाध्यक्ष अनिल चन्द्र तिवारी जी बतावनी की जन्मदिन पर आयोजित कार्यक्रम में भइल फायरिंग में कउनो गायक के गोली लागे की सूचना मिलल बा। मौके पर पहुंचनी अउरी गायक से सम्पर्क करे के प्रयास कईनी, लेकिन सम्पर्क ना हो पावल। मामला के जांच कइल जाता। दोषीन पर कड़ा कार्रवाई होई।
मिलल सूचना के अनुसार गोलू अब खतरा से बाहर बाड़े अउरी उनकर इलाज चल रहल बा एह तरह के घटना से गोलू राजा के पूरा परिवार सदमे में बा अउरी चिंतित बा। गोलू राजा के फैंस को ई जानकारी जइसहीं मिलल उ लोग दुआ करल शुरू कर दीहलस कि जल्द से जल्द गोलू ठीक होखसु और फिर से अपना गायकी के जलवा देखावसु।रउआ सभे के बता दिहल चाहतानी की गोलू भोजपुरी के कई गो सुपर हिट गाने गा चुकल बाड़े। एहमे ओठवा के लालिया , अमवा लगवाला पिया हो,भतारू से पहिले हमार रहलू मुख्य बा एकरा अलावा हालही में उनकर पहलका भोजपुरी फिल्म पृथ्वीराज रिलीज भइल बा जबना के भोजपुरी म्यूज़िक कंपनी टीम फिल्म्स के यूट्यूब चैनल पर एहि महीने रिलीज कइल गईल बा।
भोजपुरी न्युज़ भी गोलू जी के जल्द स्वस्थ होखे के कामना करत बा।

Post a Comment

0 Comments