होली पर रेलवे के तोहफा: बलिया, सुरेमनपुर, बकुल्हा, दल छपरा, रेवती, सहतवार, फेफना, रसड़ा, इंदारा आ बेलथरा रोड के रास्ते छपरा–गोरखपुर कैंट बीच मार्च भर चली विशेष अनारक्षित ट्रेन।
गोरखपुर, 28 फरवरी 2026:
होली पर्व के मौका पर यात्री लोग के सुविधा खातिर रेलवे प्रशासन 05125/05126 छपरा–गोरखपुर कैंट–छपरा होली अनारक्षित विशेष ट्रेन चलावे के फैसला कइले बा। ई विशेष गाड़ी 02 मार्च से 31 मार्च 2026 तक हफ्ता में 5 दिन (बृहस्पतिवार आ रविवार छोड़के) कुल 22 फेरा लगाई।
05125 छपरा–गोरखपुर कैंट होली अनारक्षित विशेष ट्रेन 02 से 31 मार्च 2026 तक हफ्ता में 5 दिन चली। ई ट्रेन छपरा से सुबह 4.15 बजे प्रस्थान कर बकुल्हा से 04.40 बजे, सुरेमनपुर से 04.57 बजे, दल छपरा से 05.07बजे, रेवती से 05.16 बजे, सहतवार से 05.28 बजे, बलिया से 05.52 बजे, फेफना से 06.06 बजे, रसड़ा से 06.26 बजे, रतनपुरा से 06.40 बजे, इन्दारा से 07.30 बजे, बेलथरा रोड से 07.55 बजे, भटनी से 09.00 बजे तथा देवरिया सदर से 09.25 बजे छूटकर गोरखपुर कैंट 10.30 बजे पहुंची।
वापसी में 05126 गोरखपुर कैंट–छपरा होली अनारक्षित विशेष ट्रेन 02 से 31 मार्च 2026 तक हफ्ता में 5 दिन (बृहस्पतिवार आ रविवार छोड़के) गोरखपुर कैंट से साँझ 16.45 बजे प्रस्थान कर देवरिया सदर से 17.37 बजे, भटनी से 18.07 बजे, बेलथरा रोड से 18.47 बजे, इन्दारा से 20.05 बजे, रतनपुरा से 20.25बजे, रसड़ा से 20.39 बजे, फेफना से 21.02 बजे, बलिया से 21.20 बजे, सहतवार से 21.42 बजे, रेवती से 21.54 बजे, दल छपरा से 22.04 बजे, सुरेमनपुर से 22.14बजे तथा बकुल्हा से 22.27 बजे छूटकर छपरा 23.10 बजे रात में पहुंची।
रेलवे प्रशासन के अनुसार, एह विशेष ट्रेन में सामान्य द्वितीय श्रेणी के 10 गो डिब्बा आ एसएलआरडी के 02 गो डिब्बा समेत कुल 12 गो कोच लगावल जाई।
होली के भीड़ के देखते एह विशेष गाड़ी से यात्री लोग के काफी सहूलियत मिली।
0 Comments