विज्ञापन

बलिया : चाकू से हमला कइके युवक के हत्या।

बलिया : चाकू से हमला कइके युवक के हत्या।

तस्वीर/खबर स्रोत इंटरनेट

बलिया : चाकू से हमला कइके युवक के हत्या।
जिला के रसड़ा कोतवाली क्षेत्र के नागपुर गांव में शुक के देर सांय चाकू से हमला कई एगो युवक के गंभीर रूप से घायल कर दिहलस। आनन फानन में युवक के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र ले आवल गइल जहवा युवक के चिकित्सक लोग मृत घोषित कई दिहल लोग। 
सूचना पर पहुचल पुलिस शव के कब्ज़ा में लेके आवश्यक कार्यवाही में जुटी गईल। नागपुर निवासी शोएब अख्तर 25 वर्ष पुत्र शकील अहमद घर से शाम के टहले गइल रहले। एहि बीच कुछ युवक चाकू से हमला कई उनकरा के गंभीर रूप से घायल कर देले। शोर पर आस पास के लोग दौड़ी के जात लोग तब तक हमलावर बाइक छोड़के अंधेरा के लाभ उठाके भाग निकलले। आनन-फानन में सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र ले आवल गईल जहवां युवक के चिकित्सक मृत घोषित कर दिहल लोग। सूचना पर पुलिस आवश्यक कार्यवाही में जुट गइल।
तस्वीर/खबर स्रोत इंटरनेट

Post a Comment

0 Comments