विज्ञापन

बिहार: सातवीं बार बिहार के मुख्यमंत्री के रूप में शपथ लिहले नितिशे कुमार साथ में 14 मंत्री लोग भी लिहलन शपथ ।

बिहार: सातवीं बार बिहार के मुख्यमंत्री के रूप में शपथ लिहले नितिशे कुमार साथ में 14 मंत्री लोग भी लिहलन शपथ ।




बिहार: सातवीं बार बिहार के मुख्यमंत्री के रूप में शपथ लिहले नितिशे कुमार साथ में 14 मंत्री लोग भी लिहलन शपथ ।
आजू राजभवन में स्थित राजेंद्र मंडप में बिहार के राज्यपाल श्री फागु चौहान जी श्री नितीश कुमार जी के बिहार के मुख्यमंत्री पद के शपथ दियवाइनी । शपथ ग्रहण 4:30 बजे शाम के आयोजित भईल हा ।
एकरा अलावा 14 गो मंत्री लोग भी शपथ लिहले जवना में श्री तराकिशोर प्रसाद, श्रीमती रेणु देवी, श्री विजय कुमार चौधरी, श्री विजेंद्र प्रसाद यादव, श्री अशोक चौधरी, श्री मेवा लाल चौधरी, श्रीमती शिला कुमारी, श्री संतोष कुमार सुमन, श्री मुकेश साहनी, श्री मंगल पाण्डेय, श्री अमरेन्द्र प्रताप सिंह, डॉक्टर रामप्रीत पसवान, श्री जीवेश कुमार अउरी श्री रामसूरत कुमार शामिल रहले।
एहमे श्री तराकिशोर प्रसाद, श्रीमती रेणु देवी उपमुख्यमंत्री बनल लोग।
एह शपथ ग्रहण समारोह में केन्द्रीय गृह मंत्री अमित शाह, भाजपा के राष्ट्रिय अध्यक्ष जेपी नड्डा, बिहारविधान परिषद के सभापति अवधेश नारायण सिंह, केन्द्रीय गृह राज्यमंत्री नित्यानंद राय, स्वास्थ्य राज्य मंत्री अश्वनी चौबे, महाराष्ट्र के पूर्व मुख्यमंत्री श्री देवेन्द्र फड़नवीस, भाजपा महासचिव बीएल संतोष, बिहार प्रभारी सूरी सांसद भूपेन्द्र यादव, JDU प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह, भाजपा प्रदेश अध्यक्ष संजय जायसवाल, पूर्व मंत्री डॉक्टर प्रेम कुमार सहित पूर्व मंत्रीगण , एनडीए के नवनिर्वाचित विधायक लोग, विधान पार्षद गण,  अन्य जनप्रतिनिधि गण, मुख्य सचिव सहित सरकार के अधिकारी लोग मौजूद रहले।




 

Post a Comment

0 Comments