विज्ञापन

IPL-13 : पांचवी बार IPL विजेता बनल मुंबई इंडियंस।

पांचवी बार IPL विजेता बनल मुंबई इंडियंस।

तसवीर - सचिन तेंदुलकर के फेसबुक वाल


पांचवी बार IPL विजेता बनल मुंबई इंडियंस।

काल्हु राति UAE के दुबई में खेलल जात IPL फाइनल में आईपीएल के 13वां संस्करण के चैंपियन मुंबई इंडियंस के टीम बनल। अब खेलल गईल 13 संस्करण में मुंबई इंडियंस के टीम 5 बार विजेता बनल।

बता दिहल चाहतानी की आईपीएल 13 के फाइनल पहिला बार फाइनल खेलत दिल्ली कैपिटल के टीम के मुंबई इंडियंस के टीम 5 विकेट से हराके खिताब पर 5वीं बार कब्जा कइलस। मुंबई इंडियंस के अलावा 3 बार ई खिताब चेन्नई सुपरकिंग्स के नाम बा।


तसवीर - सचिन तेंदुलकर के फेसबुक वाल


पहिला बार फाइनल खेले उतरल दिल्ली के टीम 20 ओवर में 7 विकेट पर 156 रन बनावलस जवना में कप्तान श्रेयस अय्यर (65 नाबाद) अउरी ऋषभ पंत 56 रन बनवले। जबकि मुंबई के तरफ से बोल्ट सबसे ज्यादा 3 विकेट लिहले।

जवाब में मुंबई टीम के कप्तान रोहित शर्मा के 68 रन के शानदार पारी के बदौलत 18.4 ओवर में 5 विकेट पर 157 रन बनाके खिताब अपने नावे कई लिहले।

एकरा पहिले मुंबई इंडियंस 2013, 2015 ,2017 ,2019 में भी आईपीएल विजेता रहल अउरी अबकी 2020 में पांचवा खिताब बा।


Vigyapan



Post a Comment

0 Comments