विज्ञापन

गोरखपुर में मारवाड़ी सेवा समिति के ओर से 11 दिवसीय प्रशिक्षण शिविर के भव्य समापन

गोरखपुर में मारवाड़ी सेवा समिति के ओर से 11 दिवसीय प्रशिक्षण शिविर के भव्य समापन



गोरखपुर— मारवाड़ी सेवा समिति, गोरखपुर के तरफ से स्थानीय एस.एस. एकेडमी, विजय चौक नियरा, में 11 दिन के ग्रीष्मकालीन प्रशिक्षण शिविर के आयोजन 17 मई (शनिचर) से 27 मई (मंगल) तक कइल गइल।


ए प्रशिक्षण शिविर के समापन समारोह 27 मई के गोकुल अतिथि भवन में बड़े धूमधाम से मनावल गइल। कार्यक्रम के शुभारंभ मुख्य अतिथि श्री पवन सिंघानिया, विशिष्ट अतिथि श्रीमती शारदा चाँदवासिया, कार्यक्रम अध्यक्ष श्री नीरज मातनहेलिया, संरक्षक श्री शिव छापड़िया, श्री राजकुमार गोयल, श्री विनोद केडिया, अध्यक्ष श्री चंद्रशेखर सराफ, आ सचिव श्री दीपक कुमार गोयल द्वारा दीप प्रज्वलित क के भइल।



शिविर में भाग लेवे वाला 98 गो बच्चा, 17 महिला, आ 24 गो प्रशिक्षकन के प्रशिक्षण प्रमाण पत्र (सर्टिफिकेट) देके सम्मानित कइल गइल।


बच्चा लोग आपन-आपन प्रस्तुति देके सबके मन मोहित क दिहलस। संस्था के संरक्षक ज्योति गोयल के परिकल्पना पर डांस प्रशिक्षक जगदीश सर्राफ के निर्देशन में पहलगाम हमला के बाद के घटनाक्रम पर एगो भावनात्मक प्रस्तुति देहल गइल, जवन सबके मन छू गइल।


शिविर में कई तरह के प्रशिक्षण दिहल गइल:


  • क्यूब सिखावे वाली दीप्ति जायसवाल,
  • डांस सिखावे वाला अभिषेक रंजन आ सुनील,
  • स्केटिंग प्रशिक्षक नईम,
  • मार्शल आर्ट प्रशिक्षक शिव सर रहलें।



ए 10 दिन के समर कैंप में बच्चा लोग जे प्रशिक्षण लिहलस, ओकर प्रेजेंटेशन देखके सब अभिभावक आ समिति के पदाधिकारी बहुत खुश भइलें।


ए अवसर पर एस.एस. एकेडमी के प्रबंधक कनक हरि अग्रवाल, प्राचार्य डॉ. निशी अग्रवाल, सह-संयोजक श्री मनमोहन टेकड़ीवाल, श्री मनीष केडिया, श्री प्रमोद टिबड़ेवाल, श्री महेन्द्र तुलस्यान, श्री श्याम सुंदर अग्रवाल, श्री अमित तुलस्यान, आ श्री सुनील भालोटिया समेत अनेके गणमान्य लोग मौजूद रहलें।


ए जानकारी मारवाड़ी सेवा समिति के जनसंपर्क सचिव आनंद जालान द्वारा दीहल गइल।


Post a Comment

0 Comments