विज्ञापन

नवका टेस्ट दौर के शुरुआत, भारत के नया कप्तान के एलान, शुभमन गिल अब टेस्ट टीम के कमान संभलीहें।

नवका टेस्ट दौर के शुरुआत, भारत के नया कप्तान के एलान, शुभमन गिल अब टेस्ट टीम के कमान संभलीहें।

Photo - icc-cricket.com


टॉप ऑर्डर बल्लेबाज शुभमन गिल अब टेस्ट टीम के कमान संभलीहें, उ हाल ही में रिटायर भइले रोहित शर्मा के जगह लेले बाड़न।

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस में शुभमन गिल के टेस्ट टीम के नया कप्तान बनावे के एलान कइलस।


दहिना हाथ के बल्लेबाज शुभमन गिल अबले भारत खातिर 32 टेस्ट खेल चुकल बाड़न, जवना में उ 1893 रन बनवले बाड़न, औसत 35.05 के साथ। ओहमें पाँच गो सैंकड़ा शामिल बा।


गिल पहिले भी जुलाई 2024 में जिम्बाब्वे में भइल पाँच टी20 मैच के सीरीज में भारत के कप्तानी कर चुकल बाड़न।


शुभमन गिल के बतौर फूल-टाइम टेस्ट कप्तान के पहिला दौरा इंग्लैंड के होई। विराट कोहली, रोहित शर्मा आ रविचंद्रन अश्विन के संन्यास के बाद, भारत के टीम अब नया रंग-रूप में नजर आई, जहाँ 20 जून से शुरू होखे वाला पाँच टेस्ट के सीरीज से नया ICC वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप साइकिल के शुरुआत होई।


भारत के सिलेक्शन कमेटी के चेयरमैन अजीत अगरकर प्रेस कॉन्फ्रेंस में गिल के कप्तानी पर बतवलन:

“पिछला साल भर से हम शुभमन के अलग-अलग समय पर देखत रहल बानी। ड्रेसिंग रूम से भी बहुत फीडबैक मिलल बा।

उ अबहि जवान बाड़न, लेकिन उनकरा में सुधार साफ देखाई देत बा। IPL में गुजरात टाइटंस खातिर टी20 में भी उ अच्छा कप्तानी कइले बाड़न।

हमनी के उम्मीद बा कि उ सही खिलाड़ी बाड़न। कप्तानी हमेशा दबाव वाला काम होला, लेकिन हमनी के लागता कि हमनी का सही निर्णय लिहनी जा । उ जबरदस्त खिलाड़ी बाड़न।”


गिल के डिप्टी (उप कप्तान) के रूप में ऋषभ पंत के नाम तय भइल बा।


कुल टीम में तेज गेंदबाज मोहम्मद शमी के नाम नइखे, जे अब टीम के हिस्सा नइखन।

वहीं, केएल राहुल, ऋषभ पंत, जसप्रीत बुमराह, रविंद्र जडेजा आ मोहम्मद सिराज गिल के सीनियर सपोर्ट दीहें।


टीम में कई गो युवा खिलाड़ी भी शामिल बाड़न जवन पिछला कुछ साल से टीम के इर्द-गिर्द रहल बाड़न — यशस्वी जायसवाल, ध्रुव जुरेल आ आकाश दीप।


घरेलू क्रिकेट में शानदार प्रदर्शन के बाद करुण नायर टीम में वापसी कइले बाड़न। उ आखिरी बेर 2017 में भारत खातिर खेलले रहले। विदर्भ खातिर रणजी ट्रॉफी में 863 रन बना के आ टीम के खिताब जितावे में मदद कइले रहले।


ओपनर साई सुदर्शन के भी टीम में मौका मिलल बा, जे IPL आ घरेलू क्रिकेट में बेहतरीन फॉर्म में रहल बाड़न।


ऑलराउंडर शार्दुल ठाकुर के वापसी भइल बा, आ अरशदीप सिंह के टेस्ट टीम में पहिल बेर बुलावा मिलल बा।


टीम:

शुभमन गिल (कप्तान), ऋषभ पंत (उप कप्तान, विकेटकीपर), यशस्वी जायसवाल, केएल राहुल, साई सुदर्शन, अभिमन्यु ईश्वरन, करुण नायर, नितीश कुमार रेड्डी, रविंद्र जडेजा, ध्रुव जुरेल, वॉशिंगटन सुंदर, शार्दुल ठाकुर, जसप्रीत बुमराह, मोहम्मद सिराज, प्रसिद्ध कृष्णा, आकाश दीप, अरशदीप सिंह, कुलदीप यादव।


खबर स्रोत- icc-cricket.com


Post a Comment

0 Comments