विज्ञापन

बिहार : नीतीश कुमार 7वीं बार लिहे बिहार के मुख्यमंत्री पद के शपथ, NDA विधायक दल के चुनल गईले नेता।

बिहार : नीतीश कुमार 7वीं बार लिहे बिहार के मुख्यमंत्री पद के शपथ, NDA विधायक दल के चुनल गईले नेता।



बिहार : नीतीश कुमार 7वीं बार लिहे मुख्यमंत्री पद के शपथ, NDA विधायक दल के चुनल गईले नेता।
आजु भइल NDA विधायक दल के बैठक में नीतीश कुमार के विधायक दल के नेता चुनी लिहल गईल। एह तरी श्री नीतीश कुमार 7 वीं बार लिहे मुख्यमंत्री पद के शपथ। 
काल्हु यानी भाई दूज के नीतिश कुमार फेरु एक बार बिहार के मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहे।


काल्हु पद की शपथ लेबे के बाद नीतीश कुमार दो दशकों में मुख्यमंत्री के रूप में सात बार शपथ लेबे का गौरव प्राप्त कररिहें।  उ पहला बार 2000 में मुख्यमंत्री के रूप में शपथ लीहले, जब राज्य में त्रिशंकु विधानसभा रहल लेकिन पर्याप्त संख्या में विधायकन के समर्थन के कारण इस्तीफा दे दिहले रहले।  2005 में एनडीए के पूर्ण बहुमत हासिल कइला के बाद नीतीश कुमार जी मुख्यमंत्री बनले अउरी पांच साल बाद सत्ता में लौटले।  2014 में उ लोकसभा चुनावों में जद (यू) के पराजय के लिए नैतिक जिम्मेदारी से खुद के दूर कर लिहले, लेकिन एक साल से भी कम समय में सीएम के रूप में लौट अईले।
विज्ञापन

नवंबर 2015 में में जेडी (यू), आरजेडी और कांग्रेस के साथे गठबंधन में शामिल रहले, जवना में उनकरा के मुख्यमंत्री पद का उम्मीदवार घोषित कइल गईल, विधानसभा चुनाव जीतले अउरु नीतीश कुमार के फेरु से शपथ दिलावल गईल। जुलाई 2017 में उ राजद, कांग्रेस से अलग हो गईले।  हालांकि, अगला ही दिन नीतीश कुमार ने फेरु से शपथ लीहले जब उ भाजपा के साथ सरकार बनावले।

अभी हालही में सम्पन्न बिहार विधानसभा चुनाव में बीजेपी 74 की संख्या के साथ वापसी कइलस जबकि जेडी (यू) के पास केवल 43  सीट बा। एकरा अलावा, बिहार में एनडीए में पूर्व मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के एचएएम (एस) अउरी बॉलीवुड तकनीशियन से राजनेता बनले मुकेश साहनी के वीआईपी शामिल बा अउरी एह दुनो पार्टी में में चार-चार सीट बा।

Post a Comment

0 Comments