विज्ञापन

भोजपुरी फ़िल्म "मेरा भारत महान" के मुहूर्त भइल, मुख्य भूमिका में रवि किशन अउरी पवन सिंह बा लोग।




भोजपुरी फ़िल्म "मेरा भारत महान" के मुहूर्त भइल, मुख्य भूमिका में रवि किशन अउरी पवन सिंह बाड़े लोग।

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार रवि किशन और पवन सिंह के जोड़ी देशभक्ति फिल्म मेरा भारत महान में साथ नजर आई। वी प्रांजल फ़िल्म क्रिएशन प्रा. लि. प्रस्तुत भोजपुरी फिल्म ‘मेरा भारत महान’ के उत्तर प्रदेश के जौनपुर में भव्य मुहूर्त कईके शूटिंग शुरू कई दीहल गईल बा। निर्माता सत्यजीत राय, बिपुल राय के एह फिल्म के निर्देशन की बागडोर निर्देशक अउरी सिनेमाटोग्राफर देवेन्द्र तिवारी संभालत बाड़े। फ़िल्म के संगीतकार आदित्य देव, छोटे बाबा बसही बाड़े।

एह फिल्म में एगो डायलॉग बा जवना पर दर्शकन के तालि अवश्य मिली। "जो देश का है उसको राम-राम, जो नहीं है उसका काम तमाम”। अउरी दूसरका संवाद "सम्मान दो सम्मान लो, गद्दार ठुकेगा ये भी जान लो।"
देवरा बड़ा सतावेला, कट्टा तनल दुपट्टा पर, रंगबाज दरोगा जइंसान कईगो हिट फिल्मों में साथ काम कर चुकल रवि किशन अउरी पवन सिंह एक बार फेर बड़ पर्दा पर नजर आई लोग।

एह फिल्म के मुख्य कलाकार रवि किशन, पवन सिंह, अंजना सिंह, मणि भट्टाचार्य, गरिमा परिहार, नवोदित अवकाश यादव,संजीव सिद्धार्थ, कमल किशना, संतोष पहलवान, बीना पांडेय, ज्योति कलश, संजय वर्मा, लोटा तिवारी, धामा वर्मा आदि बा लोग। फिल्म मेरा भारत महान के पोस्टर बेहद प्रभावी बा अउरी एहमे देशभक्ति के भावना के झलकि मिल रहल बा। पोस्टर प तिरंगा लहरा रहाल बा अउरी रवि किशन पुलिस  बेहद इंप्रेसिव नजर आ रहल बाड़े। पवन सिंह के लुक भी काफी अलग अउरी असरदार बा।



Post a Comment

0 Comments