विज्ञापन

फ़िल्म अभिनेता अउरी गोरखपुर सांसद रवि किशन जी अपना प्रोडक्शन के बैनर तले बने वाली फ़िल्म ‘किस्मत' के कइनी मुहूर्त।


फ़िल्म अभिनेता अउरी गोरखपुर सांसद रवि किशन जी अपना प्रोडक्शन के बैनर तले बने वाली फ़िल्म "किस्मत" के कइनी मुहूर्त।

गोरखपुर में फिल्म उद्योग को बढ़ावा देबे के क्रम में गुरूवार के मकर संक्रांति  के अवसर पर फिल्म अभिनेता अउरी सांसद रवि किशन जी भोजपुरी फिल्म ‘ किस्मत ‘ के मुहूर्त कईनी। इस अवसर पर फिल्म के निर्देशक अउरी लेखक मनोज टाइगर भी उपस्थित रहनी। एह अवसर पर सांसद रवि किशन जी कहनी कि गोरखपुर अउरी पूर्वांचल फिल्म उद्योग के रूप में स्थापित होई। भोजपुरी फिल्मन के केंद्र होई। भोजपुरी के बढ़ावा देबे अउरी गोरखपुर के फिल्म हब बनावे के क्रम में रवि किशन प्रोडक्शन के बैनर तले भोजपुरी फिल्म ‘किस्मत ‘ जल्द ही लोगन के मनोरंजन करी। पूरा परिवार के साथ देखल जा सके वाली ई फिल्म अश्लीलता से परे होई। 

फिल्म के निर्देशक अउरी लेखक मनोज टाइगर जी बतावनी कि फिल्म किस्मत पूरा तरह से लोन के मनोरंजन करी। लोग एकरा के परिवार के साथ देख सकता। प्रेम,विरह के साथ फिल्म में जीवन के सीख भी मिली । फिल्म में मुख्य भूमिका में फिल्म स्टार रवि किशन नजर आइब उहवे उँहा का साथ देबि आम्रपाली दुबे अउरी यामिनि। फिल्म में संगीत ओम ओझा के बा।




Post a Comment

0 Comments