विज्ञापन

राजपथ पर राम मंदिर के झांकी मोही लिहलस सबके दिल।



राजपथ पर राम मंदिर के झांकी मोही लिहलस सबके दिल।

देश आज कोरोना से जंग के बीच 72वां गणतंत्र दिवस मनावत बा। एह खास अवसर पर दिल्ली के राजपथ पर अलग-अलग राज्यन अउरी विभिन्न विभागन के झांकियां निकालल गईल। एहि के बीच गणतंत्र दिवस परेड में अयोध्या के धरोहर, भव्य राम मंदिर के प्रतिकृति, दीपोत्सव के झलक अउरी पौराणिक ग्रंथ रामायण के विभिन्न हिस्सन के झांकी भी निकालल गईल। ई झांकी पूरा तरह से राम मंदिर के मॉडल रहल। जईसे ही राम मंदिर के झांकी आईल त कई दर्शक आपन जगह खड़ा होके तालि बजावे लागल लोग अउरी कई लोग त हाथ जोड़के खड़ा हो गइले। कई लोगन के चेहरा पर गर्व के एहसास नजर आइल अउरी चेहरा पर मुस्कुराहट दिखल। 

एह दौरान केंद्रीय स्‍वास्‍थ्‍य मंत्री हर्षवर्धन भी खड़ा होके राम मंदिर के थीम पर आधारित झांकी के स्‍वागत कइले। एह झांकी के शीर्षक गीत लखनऊ जाने-माने गीतकार/साहित्यकार वीरेन्द्र वत्स द्वारा रचित बा। एह गीत में अयोध्या अउरी सीता-राम के प्रति जनमानस के आस्था के उल्लेख बा।



Post a Comment

0 Comments