विज्ञापन

वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण पेश कइनी आम बजट 2021

फ़ोटो -लोकसभा tv

वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण पेश कइनी आम बजट 2021


केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण लोकसभा में आम बजट 2021 पेश कईनी। वित्त मंत्री कहनी कि केंद्र के एगो नया योजना प्रधानमंत्री आत्मनिर्भर स्वस्थ भारत योजना लॉन्च कइल जाई, एह योजना पर 6 वर्षों में क़रीब 64,180 करोड़ खर्च होई। ओहिजे एह बार बजट में इनकम टैक्स स्लैब में कवनो बदलाव नईखे कइल गईल बल्कि सिर्फ 75 साल से अधिक उम्र वाला लोगन के रिटर्न भरेके से छूट दीहल गईल बा। वित्त मंत्री ने कहले कि 2021-22 के बजट 6 स्तंभों पर टिकल बा। वित्त मंत्री महोदया कहनी कि जल जीवन मिशन(शहरी) लॉन्च कइल जाइ, एकर उद्देश्य 4,378 शहरी स्थानीय निकायन में 2.86 करोड़ घरेलू नल कनेक्शन के सर्वसुलभ जल आपूर्ति व्यवस्था कइल बा। भारत में बनल न्यूमोकोकल वैक्सीन अभी सिर्फ 5 राज्य तक सीमित बा, एकरा के पूरा देश में लागू कइल जाइ। एहसे वर्ष में 50,000 से ज़्यादा बच्चन के मौत को रोकल जा सकी । शहरी स्वच्छ भारत मिशन 2.0 की शुरुआत होगी। शहरी स्वच्छ भारत मिशन 2.0 के 2021-2026 से 5 वर्ष की अवधि में 1,41,678 करोड़ रूपए के कुल वित्तीय आवंटन से कार्यान्वित कइल जाइ। हम वर्ष 2021-22 में कोरोना वैक्सीन ख़ातिर 35,000 करोड़ रुपये मुहैया करावल बा। अगर आगे भी जरूरत पड़ी तो मैं फंड मुहैया करावे ख़ातिर प्रतिबद्ध बानी। वर्ष 2021-22 में स्वास्थ्य अउरी परिवार कल्याण पर 2,23,846 करोड़ खर्च होंई ।

वित्त मंत्री महोदया कहनी कि 3.3 लाख करोड़ रुपये के लागत से 13,000 किलोमीटर से अधिक के सड़क पहले ही 5.35 लाख करोड़ रुपया के भारतमाला परियोजना के तहत दीहल जा चुकल बा जवना में 3,800 किलोमीटर के निर्माण कइल गइल बा। मार्च 2022 तक 8,500 किलोमीटर अउर नेशनल हाईवे कॉरिडोर के अतिरिक्त 11,000 किलोमीटर के पूरा करब जा। रेलवे ख़ातिर रेल योजना 2030 तैयार बा। रेलवे ख़ातिर रिकॉर्ड 1,10,055 करोड़ का प्रावधान बा। सडक़ परिवहन मंत्रालय ख़ातिर 1,18,101 करोड़ का अतिरिक्त प्रावधान बा। MSP बढ़ाकर उत्पादन लागत के 1.5 गुना कइल गईल बा। सरकार किसान के भलाई ख़ातिर प्रतिबद्ध बिया। उज्जवला स्कीम में एक करोड़ अउरी लाभार्थी शामिल होइहे। बीमा कंपनियों में FDI के 49% से बढ़ाकर 74 % करेके प्रावधान कइल गईल बा। गेहूं ख़ातिर किसान के 75,060 अउरी दालन ख़ातिर 10,503 करोड़ के भुगतान। धान के भुगतान राशि 1,72,752 करोड़ होखे के अनुमान। कृषि उत्पादों के निर्यात में 22 अउरी उत्पाद के शामिल कइल जाइ। वर्ष 2021-22 में एगो हाइड्रोजन एनर्जी मिशन शुरू करेके प्रस्ताव कइल गईल बा, जवना के तहत ग्रीन पावर स्रोतों से हाइड्रोजन के पैदा कइल जा सकी। कपड़ा अद्योग के वैश्विक रूप से प्रतिस्पर्धी बने ख़ातिर पीएलआई योजना के अतिरिक्त मेगा निवेश टेक्सटाइल्स पार्क योजना लॉन्च कइल जाइ। 3 वर्षन के अवधि में 7 टैक्सटाईल पार्क स्थापित कइल जाई।
वित्त मंत्री कहनी कि 2020-21 में राजकोषीय घाटा जीडीपी के 9.5% निर्धारित कइल गईल बा। 2021-22 में राजकोषीय घाटा जीडीपी का 6.8% होखे के अनुमान बा। 2025-26 तक राजकोषीय घाटा जीडीपी के 4.5% लावे के लक्ष्य बा। केंद्रीय वित्त मंत्री बजट भाषण में कहनी कि केंद्र शासित प्रदेश जम्मू-कश्मीर राज्य में एगो गैस पाइप लाइन परियोजना शुरू कइल जाई। एगो स्वतंत्र गैस ट्रांसपोर्ट सिस्टम ऑपरेटर के गठन कइल जाई। वित्त मंत्री ने कहनी कि परियोजना, कार्यक्रम, विभाग ख़ातिर प्रदान कइल जाये वाला आर्थिक कार्य विभाग के बजट शीर्ष में 44 हज़ार कोरोड़ रुपए से अधिक राशि रखल बा। एह व्यय के अतिरिक्त हम राज्य अउरी स्वायत्त निकायन के उनकर पूंजीगत व्यय ख़ातिर 2 लाख करोड़ रुपए से अधिक के राशि भी प्रदान कइल जाइ। यूरोप अउरी जापान से अउर अधिक जहाजन के भारत लावे के प्रयास कइल जाई। रिसाइंकिलिंग कैपेसिटी जवन लगभग 4.5 मिलियन लाइट डिस्प्लेसमेंट टन बा ओकरा के 2024 तक दु गुना कइल जाइ। एहसे हमनी के युवा ख़ातिर 1.5 लाख अधिक नौकरि पैदा होखेके अनुमान बा। 75 साल अउरी ओकरा से अधिक उम्र के लोगन के टैक्स कम कइल गईल बा। उनकरा लोगन के आयकर रिटर्न दाखिल करेमे  छूट दीहल जाइ।




वित्त मंत्री कहली कि ग्रामीण इंफ्रास्ट्रक्चर फंड के 30,000 करोड़ से बढ़ाकर 40,000 करोड़ कइल जा रहल बा। माइक्रो इरिगेशन फंड के 5,000 करोड़ से बढ़ाके दोगुना करेके प्रस्ताव बा। श्रीमती सीतारमण जी कहनी कि छोट करदाता ख़ातिर हम एगो विवाद समाधान समिति गठित करेके प्रस्ताव करतानी जवन पार्दर्शिता सुनिश्चित करी। 50 लाख रुपये तक के कर योग्य आय वाला अउरी 10 लाख रुपये तक के विवादित आय वाला लोग समिति के पास जा सकता लोग। असंगठित क्षेत्र के श्रमिकों अउरी प्रवासी मज़दूरन ख़ातिर पोर्टल लॉन्च कइल जाइ। एह पर बिल्डिंग अउरी कंस्ट्रक्टर ​श्रमिक अउरी अन्य श्रमिकन के बारे में जरूरी जान​कारि इकट्ठा कइल जाइ।

Post a Comment

0 Comments