विज्ञापन

पूर्वोत्तर रेलवे अपडेट : मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस द्विसाप्ताहिक सुपरफास्ट विषेष गाड़ी 14 फरवरी से चलावल जाई देखि पूरा समय सरणी।



पूर्वोत्तर रेलवे अपडेट :  मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस द्विसाप्ताहिक सुपरफास्ट विषेष गाड़ी 14 फरवरी से चलावल जाई देखि पूरा समय सरणी।  

गोरखपुर 11 फरवरी, 2021: रेलवे प्रशासन द्वारा यात्रिन के अतिरिक्त सुविधा खातिर मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस के मध्य एगो द्विसाप्ताहिक सुपरफास्ट विषेष गाड़ी के संचालन के शुभारम्भ 14 फरवरी,2021 के रेल, वाणिज्य एवं उद्योग तथा उपभोक्ता मामले, खाद्य एवं सार्वजनिक वितरण मंत्री, भारत सरकार श्री पीयूष गोयल द्वारा वीडियो कांफ्रेंसिग के माध्यम से उद्घाटन विशेष गाड़ी चलाके कइल जाई। अउरी नियमित विशेष गाड़ी के संचालन 19 फरवरी,2021 से कइल जाइ । एह गाड़ी में सभ कोच आरक्षित श्रेणी के होंइ तथा एहमे यात्रा करे वाला यात्रिन के कोविड-19 के मानकन के पालन करेके होइ।  

एह विशेष गाड़ी के समय सरणी निम्नवत बा - 

05137 मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस उद्घाटन विशेष गाड़ी 14 फरवरी,2021 के मऊ से 17.10 बजे प्रस्थान कइ औंड़िहार से 18.05 बजे, जौनपुर से 19.25 बजे, सुल्तानपुर से 21.35 बजे, दूसरका दिन लखनऊ उत्तर रेलवे से 00.15 बजे अउरी कानपुर से 01.50 बजे छूटके आनन्द विहार टर्मिनस 07.15 बजे पहुची। वापसी यात्रा में 05138 आनन्द विहार टर्मिनस-मऊ विशेष गाड़ी 15 फरवरी, 2021 के आनन्द विहार टर्मिनस से 11.00 बजे प्रस्थान कइ कानपुर से 16.25 बजे, लखनऊ उत्तर रेलवे से 18.05 बजे, सुल्तानपुर से 20.35 बजे, जौनपुर से 23.10 बजे तथा दूसरका दिन औंड़िहार से 00.15 बजे छूटके मऊ 01.15 बजे पहुंची ।

फ़ोटो स्रोत -इंटरनेट


एकरा बाद 05139 मऊ-आनन्द विहार टर्मिनस नियमित द्विसाप्ताहिक सुपरफास्ट विशेष गाड़ी 19 फरवरी,2021 से प्रत्येक मंगलवार अउरी शुक्रवार के मऊ से 20.50 बजे प्रस्थान कइ औंड़िहार से 21.47 बजे, जौनपुर से 23.10 बजे, दूसरका दिने सुल्तानपुर से 01.45 बजे, लखनऊ उत्तर रेलवे से 04.20 बजे अउरी कानपुर से 06.15 बजे छूटकर आनन्द विहार टर्मिनस 11.30 बजे पहुंची। वापसी यात्रा में 05140 आनन्द विहार टर्मिनस-मऊ द्विसाप्ताहिक सुपरफास्ट विशेष गाड़ी 20 फरवरी,2021 से प्रत्येक बुधवार अउरी शनिवार को आनन्द विहार टर्मिनस से
16.45 बजे प्रस्थान कइ कानपुर से 21.45 बजे, लखनऊ उत्तर रेलवे से 23.20 बजे, दूसरका दिन सुल्तानपुर से 01.45 बजे, जौनपुर से 04.20 बजे तथा औंड़िहार से 05.10 बजे छूटके मऊ 06.20 बजे पहुंची ।
एह विशेष गाड़ी के संरचना में साधारण श्रेणी के 04, शयनयान श्रेणी के 07, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के 06, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के 02 अउरी जनरेटर सह लगेज यान के 02 कोच सहित कुल 21 एल.एच.बी. कोच लगावल जाइ ।

Post a Comment

0 Comments