विज्ञापन

रेलवे अपडेट : आरा, बक्सर, दिलदारनगर वाला लोगन ख़ातिर रेलवे शुरु कइलस मंडुवाडीह-पटना विशेष गाड़ी, जानी एकर समय सारणी।

सांकेतिक तस्वीर , स्रोत - NER ट्विटर

रेलवे अपडेट : आरा, बक्सर, दिलदारनगर वाला लोगन ख़ातिर रेलवे शुरु कइलस मंडुवाडीह-पटना विशेष गाड़ी, जानी एकर समय सारणी।

 गोरखपुर, 26 मार्च, 2021: रेलवे प्रशासन द्वारा यात्री जनता की सुविधा ख़ातिर 05125/05126 मंडुवाडीह-पटना-मंडुवाडीह विषेष गाड़ी के संचालन निम्नवत् कईल जाई। एह गाड़ी में सभ कोच आरक्षित श्रेणी के होई अउरी एहमे यात्रा करे वाला यात्रिन के कोविड-19 के मानकन के पालन करेके होई।

05125 मंडुवाडीह-पटना विषेष गाड़ी 31 मार्च से 30 अप्रैल, 2021 तक प्रतिदिन मंडुवाडीह से 06.20 बजे प्रस्थान कई वाराणसी से 06.40 बजे, पंडित दीनदयाल उपाध्याय जं. से 07.40 बजे, दिलदार नगर से 08.28 बजे, बक्सर से 08.54 बजे अउरी आरा से 09.47 बजे छूटके पटना 11.00 बजे पहुँची। वापसी यात्रा में 05126 पटना-मंडुवाडीह विशेष गाड़ी 31 मार्च से 30 अप्रैल, 2021 तक प्रतिदिन पटना से 17.20 बजे प्रस्थान कई आरा से 18.01 बजे, बक्सर से 18.52 बजे, दिलदार नगर से 19.20 बजे, पंडित दीनदयाल उपाध्याय जं. से 21.05 बजे अउरी वाराणसी से 22.00 बजे छूटके मंडुवाडीह 22.15 बजे पहुँची। एह गाड़ी में जनरेटर सह लगेज यान के 01, सामान्य द्वितीय श्रेणी के 05, द्वितीय श्रेणी चेयरकार के 06, वातानुकूलित चेयरकार के 01 अउरी एसएलआरडी के 01 कोच सहित कुल 14 कोच लगावल जाई।


Post a Comment

0 Comments