विज्ञापन

अंतर्राष्ट्रीय महिला दिवस के पूर्व संध्या पर 62 आशा कार्यकर्ता लोगन के गणवेश अउरी पुष्प गुच्छ देके कइल गईल सम्मानित।




अंतर्राष्ट्रीय महिला दिवस के पूर्व संध्या पर 62 आशा कार्यकर्ता लोगन के गणवेश अउरी पुष्प गुच्छ देके कइल गईल सम्मानित।

 भोजपुरी एकता मंच के तत्वाधान मे स्थान मां दुर्गा मंदिर  कनौजिया समाज धर्मशाला पुरानी विधानसभा  टीटी नगर भोपाल में आशा कार्यकर्ता सम्मान समारोह के आयोजन कईल गईल। भोजपुरी एकता मंच के प्रदेश अध्यक्ष  कुंवर प्रसाद जी बतावनी कि कार्यक्रम के मुख्य अतिथि पूर्व विधायक सुरेंद्र नाथ सिंह अउरी कार्यक्रम के अध्यक्षता चेतन सिंह निदेशक एपीडा भारत सरकार अउरी एकर संचालन राम अवतार यादव जी कइनी।

 उद्बोधन के दौरान पूर्व विधायक  सुरेंद्र नाथ सिंह जी आशा कार्यकर्ता लोगन के  मांग कुशल मजदूर वेतनमान यानी  समान  काम समान वेतनमान स्वीकार कर मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह  चौहान से चर्चा करेके आशा कार्यकर्ता को आश्वासन दिहनी। मध्यप्रदेश में शहरी अउरी ग्रामीण क्षेत्रन में तकरीबन 75000 आशा कार्यकर्ता के संख्या बा जे और समान प्रोत्साहन राशि मानदेय पर काम  करत आ रहल बा लोग। नारी सशक्तिकरण के विचारधारा में  एगो अध्याय जोड़े ख़ातिर कुशल मजदूर वेतनमान के लागू करावे के पूर्व विधायक जी संकल्प लिहनी अउरी उँहा का कहनी कि मुख्यमंत्री जी से चर्चा करब। कार्यक्रम के अध्यक्षता कार्य चेतन सिंह जी कहनी की हमार घर परिवार देश में रहे वाली सभ भारतीय नारी के सम्मान होखे के चाहि चाहे उ बड़ा काम करसु या छोट काम करसु ।काहेकि नारी ही संस्कार विचार और विकास के जननी बाड़ी।  अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस के पूर्व संध्या पर 62 आशा  कार्यकर्ताओं के गणवेश  पुष्पगुच्छ  अउरी पुष्प वर्षा कई उनकर अभिनंदन के साथ सम्मानित कईल गईल।




एह अवसर पर मुख्य रूप से पूर्व पार्षद सुषमा साहू, हरप्रीत कौर, मंडल अध्यक्ष रीमा देवी, योगेंद्र सिंह, नरेंद्र मिश्रा, अजय सेठी, अंकित बातव इत्यादि लोग  उपस्थित रहल।

Post a Comment

0 Comments