विज्ञापन

बिहार सरकार कइलस कोरोना के बढ़त प्रभाव के चलते स्कूलन/कॉलेज के 11 अप्रैल तक बंद। अउरी देखी कोविड के चलते का निर्णय लेलेस सरकार।





बिहार सरकार कइलस कोरोना के बढ़त प्रभाव के चलते स्कूलन/कॉलेज के 11 अप्रैल तक बंद। अउरी देखी कोविड के चलते का निर्णय लेलेस सरकार।

रिपोर्ट - अजीत पांडेय

दिनांक 03.04.2021 के आपदा प्रबंधन समूह ( CMG) के बैठक में कोविड-19 के संक्रमण के प्रसार के समीक्षा के क्रम में बिहार राज्य में कोविड संकमण के मामलन में अप्रत्याशित वृद्धि के देखत नियंत्रण ख़ातिर विशेष अभियान चलाके अनुपालन करावे जायके निर्णय लिहल गईल।
उपर्युक्त संबंध में निम्न आदेश पारित कईल गईल
(1) सभ जिला पदाधिकारी अउरी जिला पुलिस अधीक्षक अपना-अपना क्षेत्र में गृह मंत्रालय, भारत सरकार के कोविड- 19 के संक्रमण के नियंत्रित करे ख़ातिर जारी अद्यतन दिशा-निर्देश अउरी स्वास्थ्य एवं परिवार कल्याण मंत्रालय, भारत सरकार द्वारा कार्यस्थलों धार्मिक, शोपिंग मॉल, होटल अउरी रेस्टोरेंट आदि के संचालन के संबंध में निर्गत अद्यतन मानक संचालन प्रक्रिया के अक्षरक्षः एवं कड़ाई से अनुपालन सुनिश्चित करावसु लोग।
(2) भीड़-भाड़ वाला स्थलन यथा- फूड कोर्ट, जलपान गृह, सब्जी मंडी, बस स्टैंड, रेलवे स्टेशन, रेहड़ी आदि पर व्यक्तिन के जमावड़ा के नियंत्रित करे ख़ातिर अधिक से अधिक पुलिस बल के प्रतिनियुक्ति सुनिश्चित कइल जाउ। 
(3) दिनांक-05.04.2021 से खुले स्कूल, कॉलेज अउरी कोचिंग क्लासेज अब दिनाक 11.04.2021 तक बंद रही। ( पूर्व निर्धारित परीक्षाएं स्कूल/ कॉलेज प्रबंधन आवश्यकतानुसार कोविड प्रोटोकॉल का पालन करत कर सकल जाइ) ।

(4 ) सार्वजनिक स्थलन पर कवनो भी प्रकार के आयोजनन पर सरकारी अउरी निजी पर रोक दिनांक- 05.04.2021 से अप्रैल के अंत तक रही। उक्त रोक विवाह, श्राद्ध अउरी अन्य पारिवारिक कार्यक्रमों पर ना लागू रही। श्राद्ध अउरी विवाह ख़ातिर अधिकतम कमश: 50 एवं 250 व्यक्तिन के अधिसीमा रही।
( 5 ) सरकारी कार्यालयन में सामान्य आगंतुकन के प्रवेश पर रोक रही। कार्यालय प्रधान अपना स्वविवेक से अपना कार्यालय के समय अउरी कार्यालय में उपस्थिति निर्धारित करे ख़ातिर सक्षम रही।ई व्यवस्था 30 अप्रैल तक लागू रही।
(6) पब्लिक ट्रान्सर्पोट में अधिकतम 50 प्रतिशत क्षमता से ज्यादा कवनो भी परिस्थिति में ना रहे दिहल जाइ। ई व्यवस्था 05 अप्रैल से 15 अप्रैल तक लागू रही। परिवहन विभाग अउरी जिला प्रशासन एकरा आवश्यक कदम उठाई लोग| 
(7) सार्वजनिक स्थलन पर जिला प्रशासन सुनिश्चित करी कि कोविड सुरक्षात्मक उपाय यथा मास्क के उपयोग, सामाजिक दूरी इत्यादि सुनिश्चत रहो।

Post a Comment

0 Comments