विज्ञापन

लालू यादव के जेल से रिहाई के रास्ता साफ, दुमका कोषागार मामला में मिलल जमानत।



लालू यादव के जेल से रिहाई के रास्ता साफ, दुमका कोषागार मामला में मिलल जमानत।

झारखंड हाई कोर्ट लालू प्रसाद यादव के जमानत प्रदान कई दिहलस। अदालत दुमका कोषागर मामला में आधा सजा पूरा कइला के आधार पर लालू प्रसाद यादव के शनिचर के जमानत प्रदान कर दीहलस। बता दिहल जाउ कि लालू यादव के जेल से बाहर आवे ख़ातिर ₹100000 के निजी मुचलका के बांड निचला अदालत में भरेके होई।

हालांकि, लालू यादव के जेल से बाहर आवे में अभी 1-2 दिन के वक्त लागी सकता। कोविड संक्रमण के नियम के चलते उनकरा के जेल से निकले में कुछ देरी हो सकेला। बेल बॉन्ड भरे के बाद जेल से बाहर आवे के प्रक्रिया शुरू होई।

Post a Comment

0 Comments