विज्ञापन

बढ़त कोरोना के चलते CBSE के 12 के परीक्षा भइल स्थगित अउरी 10 के भइल रद्द।



बढ़त कोरोना के चलते CBSE के 12 के परीक्षा भइल स्थगित अउरी 10 के भइल रद्द।

केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (CBSE) 12वीं के बोर्ड परीक्षा स्थगित कर दीहल गईल। एकरा अलावा 10वीं के परीक्षा फिलहाल कैंसिल कर दिहल गईल। केंद्रीय शिक्षा मंत्री ट्वीट कइके ई जानकारी दीहले। कोविड-19 के बढ़त संक्रमण के देखत ई फैसला लिहल गईल बा। 12वीं के मई अउरी जून में होखे वाली परीक्षा के स्थगित कर दिहल गईल, अब एकर तारीख एक जून के स्थिति के समीक्षा के बाद  तय कईल जाई। 10वीं के स्टूडेंट्स के रिजल्ट बोर्ड द्वारा तैयार कईल गईल ऑब्जेएक्टिव क्राइटिया द्वारा तैयार कईल जाइ। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के साथ उच्च स्तरीय बैठक के बाद केंद्रीय शिक्षा मंत्री रमेश पोखरियाल निशंक बुधवार को एकर घोषणा कइले।




 

Post a Comment

0 Comments