विज्ञापन

बिहार में बढ़ल 1 जून तक लॉकडाउन।



बिहार में बढ़ल 1 जून तक लॉकडाउन।

बिहार में कोरोना महामारी के संक्रमण के रोकथाम के लेके सरकार बड़ फैसला लिहलस। सरकार 1 जून तक लॉक डाउन के बढ़ा दिहलस। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कोरोना के मद्देनजर लॉकडाउन के बढ़ावे के बड़ फैसला लिहले। सीएम खुद ट्वीट कई एह बात के जानकारी दीहले


गौरतलब बा कि बिहर में लॉकडाउन की अवधि में संक्रमण दर में काफी कमी आईल बा। नया पॉजिटिव केस काफी कम मिल रहल बा। जबकि स्वस्थ होखे वाला मरीजन के संख्या में भी भारी बढ़ोतरी भइल बा। लॉकडाउन के सकारात्मक प्रभाव के देखत सरकार ई निर्णय लिहलस। क्राइसिस मैनेजमेंट ग्रूप के मीटिंग के बाद प्रदेश में लॉकडाउन के 1 जून तक बढ़ा दिहल गईल।


बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जी सोमवार के खुद ट्वीट कई एह बात के जानकारी दीहली। मुख्यमंत्री ट्वीट कई लिखनी कि  “लॉकडाउन के अच्छा प्रभाव पड़ता अउरी कोरोना संक्रमण में कम दिख रहल बा। अतः बिहार में 25 मई के आगे एक सप्ताह ख़ातिर अर्थात 1 जून, 2021 तक लॉकडाउन जारी रखे के निर्णय लिहल गईल। कोरोना संक्रमण के देखत 5 मई 2021 से तीन सप्ताह ख़ातिर लॉकडाउन लगावल गईल रहल हा। आज फिर से सहयोगी मंत्रीगण अउरी पदाधिकारिन के साथ स्थिति के समीक्षा कईल गईल।



Post a Comment

0 Comments