विज्ञापन

उत्तरप्रदेश में 31मई के सुबह 7 बजे तक रही कोरोना कर्फ्यू।

सांकेतिक तस्वीर - भोजपुरी न्युज़ गैलेरी

उत्तरप्रदेश में 31मई के सुबह 7 बजे तक रही कोरोना कर्फ्यू।


उत्तर प्रदेश में कोरोना कर्फ्यू एक हफ्ता ख़ातिर अउरी बढ़ा द‍िहल गईल। अब ई कर्फ्यू 31 मई सुबह सात बजे तक जारी रही। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कोरोना कर्फ्यू के आगे बढ़ावे पर फैसला लिहले। कोरोना संक्रमण के बढ़त संक्रमण चेन तुरे ख़ातिर एक बार फिर कोरोना कर्फ्यू के 31 मई सुबह सात बजे तक बढ़ा दिहल गईल। एह दौरान पहीले के तरह ही सभ पाबंदि लागू रही। आवश्यक सेवा के छूट मिलत रही। बेवजह घूमें वालन पर सख्ती बरतल जाइ। सीएम योगी आदित्यनाथ जी कहनी कि कोरोना कर्फ्यू के मकसद तब कामयाब होई जब प्रोटोकॉल के पूरा सख्ती से पालन करावल जाउ। सरकार प्रदेशवासिन के जीवन अउरी जीविका के सुरक्षित रखे ख़ातिर संकल्पित बिया। एहि भावना के साथ हमनिका कोविड के एह द्वितीय लहर में आंशिक कोरोना कर्फ्यू के नीति अपनाईनिजा। प्रदेशव्यापी आंशिक कोरोना कर्फ्यू के सकारात्मक परिणाम देखे के मिलत बा। संक्रमण के चेन तुरे में एकरा आशातीत सहायता मिलत बा। प्रदेशवासिन के ओर से भी भरपूर सहयोग प्राप्त हो रहल बा। एक्टिव केस लगातार कम हो रहल बा। अइसन में 31 मई के प्रातः 07 बजे तक आंशिक कोरोना कर्फ्यू के विस्तार दिहल जाये के निर्णय लिहल जाता। वैक्सीनेशन, औद्योगिक गतिविधियों, मेडिकल सम्बन्धी कार्य आदि आवश्यक अनिवार्य सेवा यथावत जारी रही।

Post a Comment

0 Comments