विज्ञापन

सिवान : मैरवा में स्वर्ण व्यवसायी के चाकु मारिके बेखौफ अपराधी कइले स हत्या, मचल सनसनी।



सिवान : मैरवा में स्वर्ण व्यवसायी के चाकु मारिके बेखौफ अपराधी कइले स हत्या, मचल सनसनी।

एह समय एगो बड़ खबर बिहार के सीवान जिला से सामने आवत बिया जहां स्वर्ण व्यवसाई के अपराधिन द्वारा चाकू मारके हत्या कर दीहल गईल। इस घटना के बाद से इलाका में सनसनी मचल बा। लोग मामला के जानकारी पुलिस को दीहल। जवना के बाद छानबीन शुरू कर दिहल गईल।

घटना मैरवा के आदर्श नगर मोहल्ला के बा। मृतक स्वर्ण व्यवसाई के नाम नवनीत कुमार बा। बताया जा रहल बा कि सुबह-सवेरे बेखौफ अपराधि  स्वर्ण व्यवसाई नवनीत कुमार के चाकू मार दिहले जवना के बाद इलाका में हड़कंप मच गईल। स्थानीय लोग के मदद से आनन-फानन में उनकरा के अस्पताल में भर्ती करावल गईल लेकिन रास्ते में ही उनकर मौत हो गईल रहे।

मामला के जानकारी पुलिस के दीहल गईल जवना के बाद पुलिस घटनास्थल पर पहुंचके छानबीन में जुट गईल। मृतक के शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम ख़ातिर अस्पताल भेज दिहल गईल। परिजन के भी मामला के जानकारी दे दीहल गईल जवना के बाद से मृतक के घर में कोहराम मचल बा।

Post a Comment

0 Comments