विज्ञापन

बिहार : मुख्यमंत्री कइले लॉकडाउन हटावे के ऐलान, रात्रि कर्फ्यू जारी रही, जानी का खुली का बंद रही।



बिहार : मुख्यमंत्री कइले लॉकडाउन हटावे के ऐलान, रात्रि कर्फ्यू जारी रही, जानी का खुली का बंद रही।

बिहार में लॉकडाउन के चौथा चरण मंगर के समाप्त होखला के बाद अब बिहार में लॉकडाउन के समाप्त कओ दिहल गईल। नीतीश कुमार जी कहनी कि लॉकडाउन से कोरोना संक्रमण में कमी आईल बा।अतः लॉकडाउन खत्म करत शाम सात बजे से सुबह पांच बजे तक रात्रि कर्फ्यू जारी रही।

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जी ट्वीट कई कहनी कि शाम सात बजे से सुबह पांच बजे तक रात्रि कर्फ्यू रही।  सीएम नीतिश कुमार जी कहनी कि निजी अउरी सरकारी कार्यालय शाम 4:00 बजे तक 50% क्षमता के साथ काम करिहें स।  दुकान शाम पांच बजे तक खुला रहे के अनुमति दीहल जाई। ऑनलाइन कक्षा के अनुमति होई अउरी निजी वाहनन के आवाजाही पर कवनो प्रतिबंध ना रही।  सीएम नीतीश कुमार कहले कि ई व्यवस्था अगिला एक सप्ताह तक लागू रही। मुख्यमंत्री  बिहार के लोगन से भीड़-भाड़ वाला जगहन से बचेके अपील कइले।


Post a Comment

0 Comments