विज्ञापन

हाजीपुर : महाप्रबंधक ललित चंद्र त्रिवेदी जी पाटलिपुत्र रेल परिसर में नवनिर्मित वॉलीबॉल अउरी टेनिस कोर्ट अउरी बैंक्वेट हॉल के कईनी लोकार्पण।



हाजीपुर : महाप्रबंधक ललित चंद्र त्रिवेदी जी पाटलिपुत्र रेल परिसर में नवनिर्मित वॉलीबॉल अउरी टेनिस कोर्ट अउरी बैंक्वेट हॉल के कईनी लोकार्पण।


पूर्व मध्य रेल के महाप्रबंधक ललित चंद्र त्रिवेदी द्वारा आज दिनांक 28.06.2021 के पटना स्थित पाटलिपुत्र रेल परिसर कॉलोनी में बैंक्वेट हॉल अउरी स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स, पाटलिपुत्र रेल परिसर में नवनिर्मित वॉलीबॉल अउरी लॉन टेनिस कोर्ट के लोकार्पण कईल गईल। एहि क्रम में एगो प्रदर्शनी टेनिस अउरी वॉलीबॉल मैच के भी आयोजन कईल गईल । 

एह अवसर पर पूर्व मध्य रेल महिला कल्याण संगठन के अध्यक्षा श्रीमती कौमुदी त्रिवेदी, अपर महाप्रबंधक श्री अशोक कुमार, दानापुर मंडल के मंडल रेल प्रबंधक श्री सुनील कुमार, प्रधान मुख्य सिगनल एवं दूरसंचार इंजीनियर सह पूर्व मध्य रेल क्रीड़ा संघ के अध्यक्ष श्री राजेश कुमार सहित अन्य वरिष्ठ उच्चाधिकारी उपस्थित रहले ।


नवनिर्मित वॉलीबॉल अउरी टेनिस कोर्ट के लोकार्पण करत महाप्रबंधक सह पूर्व मध्य रेल क्रीड़ा संघ के मुख्य संरक्षक श्री ललित चंद्र त्रिवेदी जी कहनी कि खेलकूद से एगो नया ऊर्जा के संचार होला जवना के सकारात्मक परिणाम दिन प्रतिदिन के कार्यालय कार्य के निष्पादन अउरी प्रबंधन में परिलक्षित होला। उहाँ का कहनी कि खेलकूद के क्षेत्र में पूर्व मध्य रेल के खिलाड़ि लोग बखूबी।आपन कौशल दिखावले । महाप्रबंधक महोदय कहनी कि ई गर्व के बात बा कि प्रतिभा संपन्न हमनी के खिलाड़ि लोग  उत्कृष्ट खेल प्रदर्शन कई राष्ट्रीय ही ना बल्कि अंतरर्राष्ट्रीय स्तर पर भी पूर्व मध्य रेल के उपस्थिति दर्ज करावले बा लोग । महाप्रबंधक महोदय खिलाड़िन से परिचय प्राप्त कई उनकरा लोगन के शुभकामनाएं भी दीहनी ।

Post a Comment

0 Comments