विज्ञापन

बलिया : जलेश्वर सिंह हत्या कांड में पुलिस कइलस 3 अभियुक्तन के गिरफ्तार, बाकी गिरफ्तारी ख़ातिर चलता छापेमारी।

बलिया : जलेश्वर सिंह हत्या कांड में पुलिस कइलस 3 अभियुक्तन के गिरफ्तार, बाकी गिरफ्तारी ख़ातिर चलता छापेमारी।

जिला के बैरिया थाना पूर्व जिला पंचायत सदस्य बलवीर सिंह उर्फ जलेश्वर हत्याकांड के शनिचर के दुपहरिया में पुलिस  पर्दाफाश कर दिहलस। एह घटना में शामिल अधिवक्ता समेत तीन के गिरफ्तार कइल गइल बा। अन्य आरोपित समेत शूटरन के तलाश में छापेमारी चलत बा। 

सात जुलाई के बैरिया के देवराजब्रह्म मोड़ आ चिरैया मोड़ के बीच बाइक सवार दुगो बदमाश सोनबरसा गांव से लौटत जलेश्वर के गोली मारके हत्या कर देले रहले । वारदात के समय चांदपुर निवासी सबल सिंह भी कार में रहले। पुलिस अधीक्षक डा. विपिन ताडा घटना के पर्दाफाश करे खातिर  चार गो टीम गठित कइले रहले। एकरा खातिर  इलेक्ट्रानिक आ अभिलेखीय साक्ष्य जुटावल गइल। प्रभारी निरीक्षक राजीव कुमार मिश्र  बतवले कि हत्याकांड में शामिल सबल सिंह उर्फ अमृतेश सिंह निवासी चांदपुर, सुनीलसिंह निवासी बैरिया आ अभय कुमार भारती निवासी झंडा भारती के मठिया के गिरफ्तार कइल गइल बा। एहमें सबल नामजद जबकि सुनील सिंह आ अधिवक्ता अभय कुमार भारती के नाम विवेचना के दौरान सामने आइल बा। कथित तौर पर राजनीतिक वर्चस्व आ पुरान रंजिश में इ सभ लोग मिलके प्रमुख व्यवसायी हरी सिंह निवासी बैरिया के साथ योजना बनाके घटना के अंजाम देले रहले। 



Post a Comment

0 Comments