विज्ञापन

महाराजगंज : अब्दुल कलाम साहब के पुण्यतिथि मनावल गईल।

महाराजगंज : अब्दुल कलाम साहब के पुण्यतिथि मनावल गईल।

रिपोर्ट अभिषेक अग्रहरि

माँ भारती के अमूल्य रत्न अउरी मिसाइलमैन एपीजे अब्दुल कलाम के आज उनकरा पुण्यतिथि के मौका पर पूरा राष्ट्र कृतज्ञता के साथ श्रद्धांजलि दे रहल बा। पूर्व राष्ट्रपति एपीजे अब्दुल कलाम के महराजगंज जनपद आज छठवीं पुण्यतिथि वृक्षारोपण कई मनाईल गईल। एह मौके पर नगर अध्यक्ष राजेश जायसवाल अउरी युवा मोर्चा के कार्यकर्ता उनकरा के याद कई श्रद्धांजलि अर्पित कईल लग।

एह कार्यक्रम में मुख्यातिथि रहले नगर अध्यक्ष राजेश जायसवाल अपना संबोधन मे बतावले कि मिसाइल मैन के नाम से मशहूर देश के पूर्व राष्ट्रपति एपीजे अब्दुल कलाम यानि अबुल पकिर जैनुलआबेदीन अब्दुल कलाम के आज के ही दिन निधन भइल रहे। आखिरी सांस तक देश सेवा के मिशन में ही लागल रहले कलाम साहेब के निधन 27 जुलाई 2015 को मेघालय के शिलॉन्ग में ओह वक्त हो गईल रहे, जब आईआईएम में लेक्चर देत रहले।हर केहु के सपना देखेके सीख देबे वाले अब्दुल कलाम के 6वीं पुण्यतिथि में उनकरा के नमन करत बानी। एहि कड़ी मे भाजपा युवा मोर्चा के विकास चौरसिया,आनंद साहू , विक्की अग्रहरि कहल लोग कि कलाम साहेब के जन्म 15 अक्टूबर 1931 के तमिलनाडु के रामेश्वर में भइल रहे। उ मछुआरों के परिवार में जन्मल रहल। तंगहाली के आलम ई रहे कि स्कूल के पढ़ाई ख़ातिर अखबार बांटके पईसा जुटावत रहल।हर युवा के उनकरा जीवन से प्रेरणा मिलला। युवा मोर्चा के शिवम जायसवाल, नवीन सोनकर ,राकेश कंजड़, दीपक चौरसिया,गोलू चौबे भी कहल लोग कि अब्दुल कलाम सबह हर केहु के दिल मे आज भी जिंदा बानी।

एकरा अलावा एह अवसर पर अजहर अली, आकाश चौरसिया,हिमांशु अग्रहरि,मोहम्मद वसीम,शिव राम पासवान आदि लोग मौजूद रहले।

Post a Comment

0 Comments