विज्ञापन

सेना के भर्ती के तैयारी करें वाला युवकन ख़ातिर अच्छा ख़बर, भर्ती के डेट आ गईल, जानी कब।

फ़ोटो - इंटरनेट

यूपी के सेना के भर्ती के तैयारी करें वाला युवकन ख़ातिर अच्छा ख़बर, भर्ती के डेट आ गईल, जानी कब।

सेना भर्ती के तैयारी में लागल पूर्वांचल के 12 जिलन के युवा लोगन ख़ातिर अच्छा खबर बा। सैन्य मुख्यालय से सेना भर्ती कार्यालय के हरियर झंडी मिल गईल बा। आठ जुलाई से 20 अगस्त तक सेना भर्ती के वेबसाइट joinindianarmy.nic.in पर नवयुवक आपन आनलाइन पंजीकरण करा सकत बा लोग। हालांकि कोविड संक्रमण के स्थिति का आकलन के बाद अंतिम निर्णय जिलाधिकारी द्वारा लिहल जाई। 

6 से 30 सितंबर के बीच सेना भर्ती के आयोजन छावनी स्थित रणबांकुरे मैदान में कईल जाई। सेना भर्ती में वाराणसी, चंदौली, गाजीपुर, मऊ, जौनपुर, सोनभद्र, मिर्जापुर, भदोही, आजमगढ़, बलिया, देवरिया अउरी गोरखपुर के युवा शामिल हो सकत बाड़े। सेना भर्ती कार्यालय के सहायक निदेशक कर्नल सिद्धार्थ बसु के अनुसार सैन्य मुख्यालय से जारी गाइडलाइन के आधार पर छह से 30 सितंबर तक होखे वाली सेना भर्ती के तैयारि के रूपरेखा जल्द ही तय कई लीहल जाई। एकरा ख़ातिर आनलाइन रजिस्ट्रेशन के प्रक्रिया आठ जुलाई से शुरू हो जाई।

अंतिम बार कोरोना के पहली लहर से पहीले नवंबर 2019 में सेना भर्ती के आयोजन कईल गईल रहल। एकरा बाद अप्रैल 2021 में सेना भर्ती करावे के योजना रजल लेकिन, कोरोना के दूसरी लहर के बाद स्थगित करेके पड़ल। अब एक बार फिर से सितंबर माह में सेना भर्ती के आयोजन कईल जा रहल बा। हालांकि कोरोना संक्रमण की स्थिति के आकलन के बाद अंतिम निर्णय जिलाधिकारी लिंहे।इस संबंध में 12 जनपद के जिलाधिकारि लोगन से से भी संपर्क किया जाई।

Post a Comment

0 Comments