विज्ञापन

सोनभद्र जलजमाव के समस्या से उर्जान्चल वासी परेशान।

सोनभद्र  जलजमाव के समस्या से उर्जान्चल वासी परेशान।

रिपोर्ट : दरोगा यादव देव

सोनभद्र। लगातार 24 घण्टा से रुक-रुक के होखे वाली बारिश जहां लोगन के गर्मी से राहत देबे के काम कइलस। उहवे शहर के गली मोहल्लन के सड़कन पर जलजमाव के समस्या से औड़ी शक्तिनगर मार्ग पर चले वाला यात्री परेशान हो गइले। जलजमाव से लोगन के आवागमन में कई प्रकार के परेशानी झेलेके पड़ रहल बा। लगभग एक वर्ष से औड़ी शक्तिनगर फोर लेन के काम चल रहल बा।लेकिन सड़क पर जगह जगह गड़हा, मिट्टी,

दूषित जल जमाव,होखला के बावजूद लोग के एहि गंदा पानी से होके गुजरे के पड़ता। बारिश ने लोगन ख़ातिर परेशानी के सबक बन गईल बा।बारिश के कारण सड़कन पर धुल-मिट्टी के वजह से कीचड़ फईल गईल बा। नाला के सफाई ना होखला के कारण बारिश में उल्टा एह नालन के कचड़ा सड़कन पर आवता। जवना से राहगीरन के पैदल चलल मुश्किल हो चुकल बा। औड़ी से लेके खड़िया पेट्रोल पंप तक त यात्री कवनो तरह गिरत परत चल भी रहल बाड़े। लेकिन खड़िया पेट्रोल पंप से लगभग तीन किलोमीटर शक्तिनगर तक सड़कन पर तीन नदी पार करे के स्थिति बन गईल बा। मोटरसाइकिल अउरी साइकिल छोड़ि बस अउरी बोलोरो एह रोड पर निकालल मुश्किल हो गईल बा।

अगर एह रोड यात्रिन के कही जरूरी काम से जाएके होई त समझि की तीन चार नदी पार करेके ही पड़ी।

जल जमाव के कारण खास मशक्कत करेके पड़ता। बारिश के पानी सड़क पर फईल गईल बा। एहमें  औड़ी से लेके शक्तिनगर तक कवनो चौराहा नइखे जहाँ जलजमाव के समस्या नइखे।रोड के किनारे रहे वाला लोग कहले कि एह तरह के समस्या पहिले ना रहल।रोड के काम करे वाली कम्पनी के गलत तरीका से काम कइला के कारण ई समस्या उत्पन्न भईल बा।

Post a Comment

0 Comments