विज्ञापन

पूर्व सांसद शरद त्रिपाठी पंचतत्व में विलीन।

पूर्व सांसद शरद त्रिपाठी पंचतत्व में विलीन।

देवरिया से भाजपा सांसद रमापतिराम त्रिपाठी के पुत्र अउरी संतकबीरनगर के पूर्व सांसद शरद त्रिपाठी पंचतत्व में विलीन हो गईनी। आज अयोध्या के सरयु घाट पर गमगीन माहौल में उँहा के परिवारजन के साथ भारी संख्या में आईल समर्थकन अउरी उपमुख्यमंत्री केशव प्रसाद शर्मा, सिंचाई मंत्री महेंद्र सिंह, सांसद जगदंबिका पाल सहित कई अन्य नेता लोग उँहा के अंतिम विदाई दीहल। स्व शरद त्रिपाठी के बड़ पुत्र मृगेंद्र मणि त्रिपाठी उँहा का मुखाग्नि दीहनी।

जइसन की रउवा सभे के पता बा 30 जून के देवरिया से भाजपा सांसद रमापतिराम त्रिपाठी के पुत्र व संतकबीरनगर के पूर्व भाजपा सांसद शरद त्रिपाठी के लंबी बीमारी के बाद गुरुग्राम मेदांता में निधन हो गईल रहे।

Post a Comment

0 Comments