विज्ञापन

महाराजगंज : सावन में कांवरियन के प्रवेश पर लागल रोक, इटहिया में ना लागी मेला, श्रद्धालु घर पर ही करसु लोग जलाभिषेक।

महाराजगंज : सावन में कांवरियन के प्रवेश पर लागल रोक, इटहिया में ना लागी मेला, श्रद्धालु  घर पर ही करसु लोग जलाभिषेक।

रिपोर्ट अभिषेक अग्रहरि

कोरोना के चलते एह बार भी मिनी बाबा धाम के नाम से महशूर पंचमुखी इटहिया शिव मंदिर में जलाभिषेक ना कर पइहे श्रद्धालु।

महराजगंज। पूर्वांचल में मिनी बाबा धाम के नाम से मशहूर महराजगंज जनपद के पंचमुखी इटहिया शिव मंदिर में कोरोना के चलते एह साल भी श्रद्धालु जलाभिषेक ना कई पाइहें। सावन माह में भी भोलेनाथ के परिसर सूना ही रही। एह साल भी सावन में कवनो मेला ना लागि। एकरा ख़ातिर शनिचर के जिला प्रशासन दिशा निर्देश जारी कर दिहलस। कोरोना महामारी के चलते ई निर्णय लिहल गईल बा। सावन मेला अउरी कांवड़िया सेवा ख़ातिर अनुमति ना होई। 

डीएम डॉ. उज्ज्वल कुमार बतावले कि महामारी कोरोना अभी पूरा तरह से खत्म नइखे भइल। संक्रमण के मामला अभी भी आ रहल बा। एकरा मद्देनजर इटहिया शिव मंदिर में सावन मेला अउरी कांवड़ यात्रा के अनुमति नइखे दिहल गईल। काहेकि मेला में सामाजिक दूरी अउरी एक-दूसरा के संपर्क में लोगन के आवे से नइखे रोकल जा सकत। अइसन स्थिति में मेला समिति के प्रस्ताव पर इटहिया मंदिर सावन मेला के एह साल स्थगित कर दिहल गईल। परिसर में अस्थायी दुकान, झूला अउरी अन्य कवनो प्रकार के दुकान ना लागी।

मेला स्थगित होखला से बीस लाख ल चपत।

 कोरोना के वहज से ईटहिया शिव मंदिर परिसर में दु साल से सावन मेला के आयोजन नइखे हो रहल। एहसे मंदिर के बीस लाख रूपया का नुकसान होइ। एकरा अलावा पुजारी अउरी मेला पर आश्रित अन्य लोगन के परेशानी के सामना करेके पड़ रहल बा। सावन माह में ईटहिया शिव मंदिर में करीब 20 लाख के चढ़ावा चढ़त रहल हा। साथ ही साथ कई लोगन के रोजी रोटी पर संकट खड़ा हो गईल बा। मंदिर के पुजारी ध्यान गिरी के अनुसार कोरोना महामारी के मद्देनजर ई निर्णय लिहल गईल बा। एहसे श्रद्धालुन में निराशा बा, लेकिन स्वास्थ्य बड़ मुद्दा बा। ओकर हिफाजत सर्वोपरि बा।

Post a Comment

0 Comments