विज्ञापन

गोरखपुर के इंटरनेट के माध्यम से तहलका मचा देबे वाली जोड़ी आदित्य अउरी राधिका, जानी कइसे कइलस लोग ई मकाम हासिल।

गोरखपुर के इंटरनेट के माध्यम से तहलका मचा देबे वाली जोड़ी आदित्य अउरी राधिका, जानी कइसे कइलस लोग ई मकाम हासिल।

टीम गोरखपुरिया के नाम से प्रसिद्ध टिक टॉक ऐप के माध्यम से लोगन के दिल पर राज करे वाली हिट जोड़ी राधिका यादव अउरी आदित्य गोरखपुरिया, एह समय मे टिक टॉक बैन होखला के बादो इंस्टाग्राम, यूट्यूब अउरी जोश सहित तमाम शार्ट वीडियो ऐप के साथे यूट्यूब के टीम भोजपुरी के कईगो जानल मानल चैनल पर अपना अभिनय अउरी अदायगी से आपन एगो अलग ही पहचान बनवले बा लोग।

बेहद सामान्य परिवार से आवे वाला अउरी काफी संघर्ष के बाद एह मकाम ले हासिल कइले बा लोग। एकन लोगन में अदायगी के ही जादू बा कि एक से बड़ बड़ स्टार कलाकार लोग भी एकन लोगन के काफी सराहना अउरी अपना गाना वीडियो में एह लोगन के प्रमुख रूप से अभिनय करेके मौका देले बा लोग।

दर्शकन के मानल जाउ त कवनो भी गाना में अपना अभिनय के जादू अइसन बिखेरे ला लोग कि कवनो भी हिट गाना होखे ओहमें एगो नया रंग भरी जाला। कतना त अइसन गाना बाड़े स की ओकरा ओरगिनल गाना से ज्यादा जवना पर ई राधिका-आदित्य के जोड़ी काम कइले बिया उ ब्लॉकबस्टर साबित भइल बिया।

भोजपुरी न्युज़ के साथे भी बातचित करत एक बेर ई दुनो लोग आपन एक्सपेरिएंस साझा कइल लोग, जवना के रउवा सभी नीचे दिहल लिंक पर क्लिक कइके देखी सकेनी।👇



Post a Comment

0 Comments