विज्ञापन

महाराजगंज : कोल्हुई व्यापार मंडल युवा अध्यक्ष के तत्वाधान में 250 लोगन के करावल गईल वैक्सीनेशन, तेजतर्रार सीओ फरेंदा फीता काटके कइले कार्यक्रम के शुभारंभ।

महाराजगंज : कोल्हुई व्यापार मंडल युवा अध्यक्ष के तत्वाधान में 250 लोगन के करावल गईल वैक्सीनेशन, तेजतर्रार सीओ फरेंदा  फीता काटके कइले कार्यक्रम के शुभारंभ।

रिपोर्ट अभिषेक अग्रहरि

महाराजगंज- उत्तर प्रदेश उद्योग व्यापार प्रतिनिधि मंडल युवा टीम  कोल्हुई बाज़ार के प्राथमिक विद्यालय पे वैक्सीनेशन जागरूकता अभियान चलावल गईल । एकर उदघाटन फरेंदा सीओ सुनील दत्त दुबे फीता काटके कइले। पूरा जानकारी  खातिर बता दी कि  सोमार के उत्तर प्रदेश उद्योग व्यापार प्रतिनिधि मंडल कोल्हुई के युवा अध्यक्ष देव अग्रहरि के नेतृत्व में कस्बा के प्राथमिक विद्यालय पे वैक्सीनेशन जागरूकता अभियान चलावल गईल। एकरा में सभ लोगन से कोरोना वैक्सीन लगवावे खातिर प्रेरित कइल गइल साथ ही 250 व्यपारियन अउरीअन्य जरूरतमंद  के वैक्सीन लगावल गईल। एह दौरान सीओ फरेंदा  कहले कि तीसरा लहर से बचे के खातिर वैक्सीनेशन के साथे साथे निरंतर मास्क के प्रयोग अउरी सामाजिक दूरी बनावल बहुत अनिवार्य बा  सीओ भी सभ लोगन से वैक्सीन लगावे के खातिर अपील कइले साथ ही उनकरा द्वारा कोल्हुई व्यापार मंडल युवा टीम के जागरूकता अभियान के जमके सराहना कइले । एह दौरान युवा व्यापार मंडल अध्यक्ष देव अग्रहरि ने कहले की टीका पूरा तरह से सुरक्षित बा  अफवाह पे ध्यान न दी,समय से सभ लोगन के टीकाकरण करावे जबकि उहा के कहनी कस्बा के जवन व्यापारी आज उपस्थित नइखन हो पाइल  उ लोग घबरावे के आवश्यकता नइखे  व्यापार मंडल के टीम एक बार फिर आला अधिकारियन से वार्ता कइ के वैक्सीन खातिर मांग कइल जाई अउरी कैम्प लगाके सभ बाचल  व्यपारियन के वैक्सीनेशन करावल जाई।। एह टीकाकरण कार्यक्रम में सीएचसी प्रभारी बृजमनगंज डॉ संतोष दुबे,ब्लॉक प्रतिरक्षण अधिकारी देवेंद्र कन्नौजीया, डॉ मंजय शर्मा , सुधा सिंह,विनीता, धर्मेन्द्र शाही,आलमगीर समेत स्वास्थ्य विभाग के कई लोग उपस्थित रहले।  उक्त कर्मचारियन  व्यापार मंडल के टीम द्वारा गुलदस्ता देकर अउरी मेडल पहनाकर सम्मानित भी कइल  गईल अउरी सभ के जलपान भी करावल गईल । एह मौका पे उद्योग व्यापार प्रतिनिधि मंडल के युवा जिला अध्यक्ष  संतोष अग्रहरि, उपाध्यक्ष राजा वर्मा,कोषाध्यक्ष किशन खेतान , नगर अध्यक्ष नौतनवा संतोष जायसवाल, नगर अध्यक्ष कोल्हुई श्रीराम जायसवाल, महामंत्री कृष्णशंकर उपाध्याय , ग्राम प्रधान कोल्हुई रामकेश प्रजापति, वरिष्ठ संरक्षक योगेन्द्र सिंह,भाई उपेन्द्र सिंह, जयप्रकाश उर्फ बिल्लू सिंह,राममिलन जायसवाल,अकबाल अहमद, बृजलेश गुप्ता ,मनीष वर्मा, युवा उपाध्यक्ष अभिषेक रोनियार,युवा संयुक्त मंत्री मोहन प्रजापति, वरिष्ठ महामंत्री गणेश मद्धेशिया वरिष्ठ उपाध्यक्ष अफरोज खान, कोषाध्यक्ष अजीज खान,महेश अग्रहरि, रवि गौड़, पवन अग्रहरि,असलम खान,,बैजनाथ वर्मा, नागेश्वर पंकज,विनोद वर्मा,रामानंद,सैफ खान,नजरू खान,लालू अग्रहरि,बृजेश चौरसिया, बिंदु जायसवाल,सागर चौरसिया , डॉक्टर विवेक मिश्र,सेराज खान,ओम मद्धेसिया, संदीप मद्धेसिया, अख्तर अंसारी,रियाज़ खान,मनोज गुप्ता,संजय पांडे ,मनीष गुप्ता, गणेश गुप्ता,सूरज मोदनवाल, राजकुमार, हसनैन सहित सैकड़ो व्यापार मंडल के पदाधिकारी उपस्थित रहले।

Post a Comment

0 Comments