विज्ञापन

दुःखद : सरयू में स्नान कर रहल एक ही परिवार के 12 लोग डूबले, 3 लोगन के बचावल गईल 9 लोग के तलाश जारी।

दुःखद : सरयू में स्नान कर रहल एक ही परिवार के 12 लोग डूबले, 3 लोगन के बचावल गईल 9 लोग के तलाश जारी।

उत्तर प्रदेश के अयोध्या में बड़ हादसा भइल जवना में इहवाँ के प्रसिद्ध गुप्तार घाट पर सरयू में स्नान करत समय एक ही परिवार के 12 लोग डूब गइले। लोगन के तलाश कईल जा रहल बा। डूबे वालन में बच्चा अउरी महिला भी शामिल बा लोग। ताजा खबर बा कि रेस्क्यू टीम ने 3 लोगन को बचा लिहलस अब 9 लोगन के तलाश की जा रहल बा। लोगन के अनुसार  गुप्तार घाट के आखरी छोर पर परिवार स्नान कर रहल अउरी पैर फिसला के बाद सरयू के गहराई में 12 लोग चली गईले।

लोगन के अनुसार परिवार आगरा से अयोध्या धाम घूमें आईल रहे, सभ थाना कैंट क्षेत्र में गुप्तार घाट में स्नान करत रहले तब तक पैर फिसलला से  सरयू के गहराई में चली गईल लोग अउरी डूबे लागल लोग। लोग बतावल की बारिश के कारण फिसलन रहल अउरी एक एक करिके सब बहत चली गईल लोग।

Post a Comment

0 Comments