विज्ञापन

शिखर' के काव्य संग्रह "सफ़र 2020" के राज्य मंत्री द्वारा भइल विमोचन।

शिखर' के काव्य संग्रह "सफ़र 2020" के राज्य मंत्री द्वारा भइल विमोचन।

वर्ष 2020 में हमनी के कुछ खोईनी त कुछ सीखनी जा भी- रविंद्र जायसवाल

रिपोर्ट : दरोगा  यादव  देव

वाराणसी। 5 अगस्त, एनटीपीसी के सहायक प्रबंधक (मानव संसाधन) अउरी सोन साहित्य संगम के संरक्षक मिथिलेश कुमार श्रीवास्तव 'शिखर' के काव्य संग्रह "सफ़र 2020" उर्फ "शिखर काव्य पुंज" के विमोचन रविन्द्र जायसवाल माननीय राज्यमंत्री: स्वतंत्र प्रभार (स्टाम्प, न्यायालय शुल्क एवं पंजीयन विभाग) उत्तर प्रदेश सरकार द्वारा बुधवार के शाम वाराणसी के गुलाब बाग में एगो समारोह में कईल गईल।

कवि, लेखक अउरी साहित्यकार के रूप में ख्यातिलब्ध पुस्तक के रचनाकार अपना साहित्यिक अभिरुचि के कविता के माध्यम से पुस्तक के रूप में बड़ा ही सुंदर ढंग से संजोवले बाड़े।  शिखर जी के कईगो पुस्तक प्रकाशित हो चुकल बा बाकी काव्य संग्रह 'सफ़र 2020' बीतल वर्ष के दास्तां कविता के रूप में बयां करत  एगो यादगार पुस्तक बा। विमोचन के उपरांत माननीय राज्यमंत्री बातौर मुख्य अतिथि एह काव्य संग्रह के तारीफ़ करत कहले कि "शिखर जी के ई पुस्तक बीतल वर्ष के याद दिलावत रही कि हमनी का बहुत कुछ खोके भी बहुत कुछ सीखनी जा। मानवीय  संवेदना बचावले रखे ख़ातिर अइसन पुस्तक आवश्यक बा। शिखर अपना पुस्तक में गीत, गजल अउरी अन्य कविता के भावनात्मक रूप से "सफ़र 2020" नामक गुलदस्ता में सजावले जवना के 'शिखर' काव्य पुंज' के भी दिआईल बा।ओहीजे विमोचन के पूर्व पुस्तक के रचनाकार  'शिखर' जी मुख्य अतिथि प्रदेश सरकार के  राज्य मंत्री स्वतंत्र प्रभार रविंद्र जायसवाल के अंगवस्त्रम् से अभिनन्दन कईनी। एनटीपीसी उत्तरी क्षेत्र मुख्यालय में सहायक प्रबंधक (मानव संसाधन) के पद पर कार्यरत मिथिलेश कुमार श्रीवास्तव 'शिखर' द्वारा रचित उक्त कविता के संग्रह के नोएडा के वर्तमान अंकुर प्रकाशन द्वारा प्रकाशित कईल गईल बा जवना के संपादन निर्मेश त्यागी 'वत्स' अउरी सह संपादन  सुनीता 'सोनू' जी कइले बानी।  बीतल वर्ष 2020 के वर्ष भर के घटनाक्रम कोरोना जईसन वैश्विक समस्या से लेके राम मंदिर निर्माण, पर्व, त्योहार, लाकडाउन, राफेल, चीन के कुटिल नीति, बदलत जीवन शैली सहित राष्ट्र प्रेम से ओतप्रोत रचना अत्यंत मार्मिक अउरी प्रेरणादायक बा।

विमोचन के एह शुभ अवसर पर अपना दल के जिलाध्यक्ष अनीता पटेल, राज्यमंत्री के जनसंपर्क अधिकारी अउरी कवि अजय कृष्ण त्रिपाठी, रुपेश कुमार नागवंशी, विजय अग्रवाल, डा.   सुनील मिश्रा, राहुल, राजन  सहित कईगो अन्य साहित्य प्रेमी अउरी समाजसेवी  उपस्थित रहले।

Post a Comment

0 Comments