विज्ञापन

सुंदर सुभूमि भइया भारत के देशवा से....देशभक्ति गीत के साथे शुरुआत भइल देशभक्ति गीतन के कार्यशाला।

सुंदर सुभूमि भइया भारत के देशवा से....देशभक्ति गीत के साथे शुरुआत भइल देशभक्ति गीतन के कार्यशाला।


देश के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी के आह्वान पर देश के स्वतंत्रता के 75वीं वर्षगांठ की पावन अवसर पर "आजादी के अमृत महोत्सव" कार्यक्रम के तहत समूचा देश में सांस्कृतिक उत्सव के आयोजन हो रहल बा। उत्तर प्रदेश के यशस्वी मुख्यमंत्री माननीय श्री योगी आदित्यनाथ जी महाराज के सानिध्य में संस्कृति विभाग,उत्तर प्रदेश भी माननीय प्रधानमंत्री जी के एह अद्वितीय परियोजना-उत्सव के संपन्न करे ख़ातिर कटिबद्ध बा। एह कटिबद्धता के तहत संस्कृति विभाग,उत्तर प्रदेश द्वारा लोकगायक आदरणीय श्री राकेश श्रीवास्तव जी के कुशल निर्देशन में देशभक्ति गीतन के कार्यशाला दिनांक 1 अगस्त से 8 अगस्त तक होखल सुनिश्चित बा। दिनांक 1 अगस्त के कार्यशाला के आगाज के साथ अमृत महोत्सव के सिद्धि अउरी भारतीय स्वाधीनता के गौरवशाली इतिहास के वीर के प्रति कृतज्ञता ज्ञापित भइल।कार्यक्रम में उपस्थित संगीत नाटक अकादमी के सचिव मुख्य अतिथि श्री तरुण जी  कार्यशाला के शुभारंभ करत देश पर कुर्बान भइल बलिदानिन के वंदन करत भारतीय संस्कृति के अक्षुण्णता अउरी गौरवशाली विरासत पर गर्व करत प्रतिभागी कलाकारन के कार्यशाला ख़ातिर शुभकामनाएं दीहले।कार्यशाला के निर्देशक श्री राकेश श्रीवास्तव जी "सुंदर सुभूमि भैया,भारत के देशवा से। मोहे प्राण बसे हिंद देश रे बटोहिया।।" देशभक्ति गीत प्रस्तुत कई कार्यशाला के शुभारंभ कइले। कार्यशाला में 4 वर्ष के आयु से लेकर 50 वर्ष तक के आयु वर्ग के प्रतिभागी हिस्सा ले रहल बाड़े। इस कार्यशाला में देवरिया, गोरखपुर, गाज़ियाबाद, मेरठ, सीतापुर, लखनऊ, दिल्ली, झारखंड आदि जगहन से प्रतिभागी जुड़ल बाड़े।

Post a Comment

0 Comments