विज्ञापन

राष्ट्रीय नारी शक्ति महिला संगठन के राष्ट्रीय अध्यक्षा आरती बेहरा महाराजगंज के सरिता देवी के उनकरा अच्छा कार्य के देखत राष्ट्रीय सचिव के दायित्व सौंपली ।

राष्ट्रीय नारी शक्ति महिला संगठन के राष्ट्रीय अध्यक्षा आरती बेहरा  महाराजगंज के सरिता देवी के उनकरा अच्छा कार्य के देखत राष्ट्रीय सचिव के दायित्व सौंपली ।

रिपोर्ट : अभिषेक अग्रहरी

 राष्ट्रीय नारी शक्ति महिला संगठन अध्यक्षा आरती बेहरा प्रदेश प्रभारी रहली सरिता दुबे के उनकरा बेहतरीन कार्यशैली के देखत उनकरा के बड़ जिम्मेदारी देत राष्ट्रीय सचिव के दायित्व सौंपली।

 नारी महिला शक्ति संगठन में एहसे काफी खुशी के माहौल देखे के मिलल। सरिता दुबे पूर्वांचल के जिला महाराजगंज के ब्लॉक परतावल धर्मवली गाँव के निवासिनी बाड़ी। इनकर पति बाल्मीकि द्विवेदी समाज सेवक के साथ-साथ जॉब करत पत्नी के कार्य मे भी सहयोग करेले। सरिता अपना संगठन के मजबूत करे में निरंतर सुर्खि में रहेली। दुबे के आवास पर बधाइ देबे वाला लोगन के तांता लाग गईल बा।

Post a Comment

0 Comments