विज्ञापन

सोनभद्र : बस अउरी ट्रक के आमने सामने टक्कर, सावन के सोमारी के दिन बाल बाल बचले यात्री

सोनभद्र : बस अउरी ट्रक के आमने सामने टक्कर, सावन के सोमारी के दिन बाल बाल बचले यात्री

रिपोर्ट : दरोगा यादव देव

सोनभद्र- बैरपान -अनपरा।

शक्तिनगर से मीरजापुर जाये वाली  बजरंग बस अउरी ट्रक के सुबह  बैरपान पेट्रोल पम्प के पास आमने सामने के टक्कर होइ गईल। एह टक्कर कुछ यात्रिन के हल्का चोट लागल। दुनो ड्राइवर भइले घायल। एह में बस नम्बर up 64AT 9615 अउरी ट्रक नम्बर up 64AT 4607 बा।

श्रावण मास के तीसरा सोमवार के ई सत्य साबित भईल  " जाके रखे सईया मार सके ना कोई"।

जानकारी के मुताबिक अनपरा थाना  के पुलिस पहुंच गईल बिया, जाम हटवावे के  कोशिश हो रहल बा। जल्द जाम खुले के उमीद बा।

Post a Comment

0 Comments