विज्ञापन

आदित्य गोरखपुरिया, राधिका यादव, आदित्य ग़ाज़ीपुरिया मिलिके देखावल लोग रक्षाबंधन के गाना पर अपना अभिनय के जलवा।

गोरखपुर के हिट जोड़ी आदित्य गोरखपुरिया, राधिका यादव मिलिके देखावल लोग रक्षाबंधन के गाना पर अपना अभिनय के जलवा।

 गोरखपुर के हिट जोड़ी अउरी टीम गोरखपुरीया के नाम से मशहूर आदित्य गोरखपुरिया अउरी राधिका यादव के साथ सूर्यभान तन्हा, कोमल मौर्य अउरी आदित्य गजीपुरिया मिलिके अंकुश राजा के आवाज में गावल रक्षाबंधन के गीत अपना अभिनय से लोगन के दिल छू लिहल लोग। लोग जमके आपन प्यार बरसा रहल बा। अभी तक एह वीडियो पर 1 मिलियन (10 लाख) से ज्यादा व्यूज आ गईल बा। एह वीडियो के अंकुश राजा म्यूजिक वर्ल्ड यूट्यूब चैनल से रिलीज कइल गईल बा।

 एह गाना के अंकुश राजा वाला वर्जन के भी लोग खूब प्यार देता, अंकुश राजा वाला वर्जन के अंकुश राजा ऑफिसियल यूट्यूब चैनल पर रिलीज कइल गईल बा अउरी एह वीडियो पर भी 10 मिलियन(1 करोड़) ज्यादा व्यूज बा।



Post a Comment

0 Comments