विज्ञापन

नाई समाज आवे वाला चुनाव मे केहू के पिछलग्गू ना बनी -- राम भवन शर्मा

नाई समाज आवे वाला चुनाव मे केहू के पिछलग्गू ना बनी -- राम भवन शर्मा

  वाराणसी।सभ राजनैतिक दल द्वारा नाई समाज के लगातार उपेक्षा से नाराज होके नाई समाज आपन रास्ता अब खुद बनावे के निर्णय पर विचार करना शुरू कर देले बाड़े अउरी इ तय भी कइले  कि अब नाई समाज केहू के पिछलग्गू बन के ना चली । हम एह  प्रदेश मे अति पिछड़ा आरक्षण लेके रहम ।एकरा खातिर हर स्तर तक संघर्ष करल जाई

================

नाई समाज  प्रदेश मे अति पिछड़ा आरक्षण (कर्पूरी फार्मूला) के जोरदार मांग कइले

==================

 इ बात वाराणसी के लेढूपुर मे आयोजित राष्ट्रीय नाई महासभा एवं सैलून एसोसिएशन के संयुक्त बैठक मे संत कबीर नगर (खलीलाबाद) से आइल राष्ट्रीय नाई महासभा के प्रदेश अध्यक्ष श्री राम भवन शर्मा  कहले। प्रदेश के आपन तूफानी दौरा पर निकलल आपना  क्रम मे वाराणसी के लेढूपुर आयोजित सैलून एसोसिएशन द्वारा आयोजित कार्यक्रम मे श्री शर्मा  राजनैतिक दल के चेतावनी देत  कहले कि अब नाई समाज भी आपन हक अउरी  अधिकारन के प्रति सचेत हो गईल बा, ओकरा भी अपने वोट के कीमत के पता चल गईल बा । उ• प्र• के हर विधान सभा मे नाई समाज के 10 से 12 हजार वोट बा जवन एह बार एक जुट होके ओही के वोट करी जे हमनी के  सम्मान अउरी  अधिकार देवे  के काम करी  नही तो हमनी के एक जुट होके नोटा के बटन का बटन दबावे  के  काम करम जा। राष्ट्रीय नाई महासभा भारत के वरिष्ठ उपाध्यक्ष श्री विजय प्रताप सविता कहले  कि नाई समाज के लोग आपन महत्व के पहचानस। संविधान  सबके एगो वोट डाले के अधिकार देले बा चाहे ऊ राजा हो या प्रजा । नाई समाज आपन वोट के व्यर्थ ना जाए देंस। अब आपने बीच से विधायक आ सासंद चुने के समय आ चुकल बा । सभ लोग एकजुट होके अपने भाई के वोट डाले के काम करीं । राष्ट्रीय नाई महासभा के राष्ट्रीय महासचिव श्री आनन्द शर्मा कहले कि उत्तर प्रदेश मे समाज के लोग तेजी से गोलबन्द होत बाड़े आ  प्रदेश अध्यक्ष के   इ दौरा समाज के अन्दर और ऊर्जा भरे के  काम करत बा ।राष्ट्रीय नाई महासभा के प्रदेश प्रवक्ता डाॅ• कैलाश शर्मा  कहले कि राष्ट्रीय नाई महासभा मे पूरा देश के नाई समाज के तेजतर्रार लोग पदाधिकारी बाड़े जे  समाज के ऊपर हो रहल अत्याचार के पुरजोर जबाव देवे के काम करत  बाड़े। अब समाज के  डरे अउरी घबराए के जरूरत ना बा।

कार्यक्रम में सर्व श्री अवध बिहारी शर्मा, जय राम ठाकुर, रमेश शर्मा, राम रेनू चन्दन एडवोकेट, विमलेश शर्मा, दीना नाथ शर्मा, भैय्या लाल शर्मा, मनोज शर्मा, श्याम शर्मा, कल्लू शर्मा, सोहन लाल शर्मा, अजय शर्मा, राजेश शर्मा, राम नारायण शर्मा, राम प्रवेश शर्मा, वीरेंद्र शर्मा, विनोद शर्मा, अशोक शर्मा, धीरज शर्मा, सुरेश शर्मा, अमित शर्मा सहित दूर दराज से आइल अनेक लोग शामिल रहले ।कार्यक्रम के अध्यक्षता श्री अवध बिहारी शर्मा  किया तथा संचालन श्री आनन्द शर्मा  कइले।

Post a Comment

0 Comments