विज्ञापन

अजगर नीलगाय के बच्चा के आधा निगललस, मचल हड़कम्प

अजगर नीलगाय के बच्चा के आधा निगललस, मचल हड़कम्प

वीडियो👇

रिपोर्ट : डी०डी०यादव

सोनभद्र। चोंपन थाना क्षेत्र में एगो विशाल अजगर देख ग्रामीणन में हड़कम्प मच गईल। विशाल अजगर  एगो नीलगाय के बच्चा के आधा निगल लिहलस। जवना के बचावे ख़ातिर वन विभाग के टीम जुटल रहल। सोनभद्र के चोंपन थाना क्षेत्र के गुरमा रेंज के वन दरोगा एसके दीक्षित ने बतावले कि वन रेंज क्षेत्र के ग्राम पंचायत कुरहुल में सोमार के सुबह धान के खेत में एगो विशालकाय अजगर देख ग्रामीणन में हड़कम्प मच गईल। विशालकाय अजगर नीलगाय के बच्चा के पकड़ले रहल अउरी ओकरा के आधा निगल चुकल रहल। सूचना मिलते ही उ टीम के साथ मौका पर पहुँचले। उ बतावले कि अजगर लगभग 20 फिट लंबा बा। उ एगो नीलगाय के बच्चा के दबोच रखले रहल अउरी ओकरा के आधा निगल गईल रहल। नीलगाय के बच्चा के विशालकाय अजगर से छुड़ावे के प्रयास शुरू कर दिहल गईल रहल। हालांकि अजगर अतना विशालकाय रहल कि काफी मशक्कत करेके पड़ रहल बा। बतावल जाता कि जब उ विभाग के टीम अजगर से नीलगाय के बच्चा के छुड़ावे लागल एहि दौरान अजगर नीलगाय के बच्चा के छोड़के पास में स्थित तालाब में चल गईल। वन विभाग के टीम अजगर के तालाब से बाहर के जंगल मे भगावे के प्रयास में जुटल रहल।

देखी कइसे अजगर के रेस्क्यू कइल जाता एह वीडियो में👇



Post a Comment

0 Comments