विज्ञापन

सोनभद्र : बेटा के जन्म देबे के पांच घण्टा बाद माँ के मौत, परिजनन के नर्स पर लापरवाही के आरोप।

सोनभद्र : बेटा के जन्म देबे के पांच घण्टा बाद माँ के मौत, परिजनन के नर्स पर लापरवाही के आरोप।

 रिपोर्ट : डी०डी० यादव

सोनभद्र। म्योरपुर सीएचसी परिसर में शनिवार के थाना क्षेत्र के कांचन गांव से आईल महिला के बच्चा के जन्म देबे के पांच घण्टा बाद मौत हो गईल जवना से परिजनन में कोहराम मच गईल। प्राप्त जानकारी के अनुसार उक्त गांव निवासी राम प्रकाश के पत्नी मंती देवी 20 वर्ष के शुक्रवार के रात्रि में प्रसव पीड़ा भईल पति द्वारा एम्बुलेंस के सहायता से म्योरपुर सीएचसी लाके भर्ती करावल गईल। शनिवार के सुबह सात बजे के आस पास महिला के लईका भइल। जच्चा बच्चा दुनो स्वस्थ रहले। बच्चा के जन्म देबे के एक दु धण्टा बाद महिला के पेट मे दर्द महसूस होखे लागल पति द्वारा स्टाप नर्स के कई बार बताबल गईल लेकिन कवनो नर्स ने गम्भीरता से ना लिहलस। जवना कारण महिला के पेट मे दर्द बढ़े से महिला दम तुरी दिहली। पति राम प्रकाश के आरोप बा कि उनकरा द्वारा चार से पांच बार स्टाप नर्स के जाके बतावल गईल लेकिन एक भी बार ना आईली। जब दर्द ज्यादा बढ़े लागल त हम पुनः जाके कहनी तो एक बार अईली अउरी बोलली दर्द होता घबराये के बात नइखे परिजनन के आरोप बा कि तैनात स्टाप नर्स ध्यान दीहले होइती त प्रसूता के मौत ना होइत। एह मामला में सीएचसी अधीक्षक डाक्टर शिशिर श्रीवास्तव बतावले कि महिला के नार्मल डिलीवरी से  बच्चा भइल रहल। जच्चा बच्चा दुनो एक दम स्वस्थ रहले मौत कईसे भईल। पीएम रिपोर्ट अईला के बाद ही पता चल सकी फिलहाल मेमो के माध्यम से म्योरपुर थाना के सूचना दे दियाईल बा। समाचार लिखल जाये तक पुलिस मौका पर पहुच जांच में जुट गईल रहल।

Post a Comment

0 Comments