विज्ञापन

सोनभद्र के लाल ने यूपीएससी परीक्षा में लहरावले परचम, उर्जान्चल से पहीलका आईएएस में चयनित

सोनभद्र के लाल ने यूपीएससी परीक्षा में लहरावले परचम, उर्जान्चल से पहीलका आईएएस में चयनित।

अविनाश अंशुल।

रिपोर्ट : डी०डी० यादव

 सोनभद्र : अनपरा थाना क्षेत्र कुलडोमरी के टोला ममुआर, डीबुलगंज में जन्मले माता पिता व दादा के अच्छा संस्कार के परिणाम अविनाश अंशुल जायसवाल यूपीएससी मेन्स परिणाम में ५३८वां रैंक प्राप्त कई आईएएस के पद पर चयन होके जनपद के मान बढ़ावले। एहसे ग्राम सभा कुलडोमरी के टोला ममुआर डिबुलगंज गाँव में खुशी के माहौल बा अउरी नया पीढ़ी के बच्चन में अविनाश अंशुल से सीख लेबे के जिज्ञासा बा।अविनाश अंशुल के पिता श्याम किशोर जायसवाल विस्थापित के नेतृत्व करेले अउरी राज्य विद्युत उत्पादन निगम अनपरा में वरिष्ट लिपिक के पद से सेवानिवृत्त भइल बाड़े। उ बतवले कि आज हमार सपना साकार हो गईल।अविनाश अपना प्रतिभा के परचम लहरावले अउरी यूपीएससी में चयन भइल।

प्रतिभा केहु के मोहताज ना होले। लगन अउरी मन में जोश व जज्बा होखे त लक्ष्य आसानी से हासिल कईल जा सकेला। अविनाश अंशुल अइसन कर दिखवले। आईएएस में चयन होके क्षेत्र के मानसम्मान बढ़ावले अविनाश अंशुल के प्रारंभिक पठन-पाठन इंटर डीएवी अनपरा से भइल बीकॉम ऑनर्स दिल्ली यूनिवर्सिटी से एमए (इकोनॉमिक्स) एमफिल अउरी पीएचडी (इकोनॉमिक्स) जवाहरलाल नेहरू यूनिवर्सिटी दिल्ली से।

जिला सोनभद्र के उर्जान्चल से पहीला आईएएस में चयनित होखला से उर्जान्चल के लोगन में हर्ष व्याप्त बा।परिवार में खुशी के माहौल बा।अविनाश अपना सरल स्वभाव के चलते युवा के बीच काफी लोकप्रिय बाड़े।

Post a Comment

0 Comments