विज्ञापन

सोनभद्र : मूल संघ द्वारा जिला विद्यालय निरीक्षक के ज्ञापन सौंपल गईल

सोनभद्र : मूल संघ द्वारा जिला विद्यालय निरीक्षक के ज्ञापन सौंपल गईल

रिपोर्ट : डी०डी० यादव

सोनभद्र। आजू राजकीय शिक्षक संघ मूल संघ जनपद-सोनभद्र के जिला अध्यक्ष श्री डॉ० राजन चतुर्वेदी अउरी जिला मंत्री श्री अमर सिंह जी जिला विद्यालय निरीक्षक श्री रविशंकर जी से मिलके जनपद के शिक्षकन से सम्बन्धित विभिन्न समस्या के निराकरण खातिर विस्तृत वार्ता कइले अउरी ज्ञापन सौंपले। जिला विद्यालय निरीक्षक के सौंपल ज्ञापन में विशेष रूप से नवनियुक्त सहायक अध्यापक/ प्रवक्ता  के अभिलेख-सत्यापन खातिर जिला विद्यालय निरीक्षक के स्तर से चाहे  प्रधानाचार्य के स्तर से समुचित निर्देश दिहल जाए अउरी अभिलेख सत्यापन के कार्य पूर्ण होखे तक पूर्व के भांति जारी शासनादेश के अनुसार उनकर वेतन आहरित करे के मांग कइल गईल। एकरा अलावा दू पालियन में विद्यालय संचालन के व्यवस्था के कारण छात्र-छात्राए अउरी शिक्षक/ शिक्षिका के आवे वाला भारी समस्या  के दूर करने खातिर पूर्व के भांति विद्यालय संचालन की मांग कइल गईल। जिला विद्यालय निरीक्षक एह सम्बन्ध में समुचित कार्यवाही करे के आश्वासन दिहले।

Post a Comment

0 Comments