विज्ञापन

गोरखपुर : रवि किशन के फ़िल्म 1922 प्रतिकार चौरी चौरा के भइल मुहूर्त, पढ़ी अउरी सुनीं का का कहले निर्देशक साहेब।

गोरखपुर : रवि किशन के फ़िल्म 1922 प्रतिकार चौरी चौरा के भइल मुहूर्त, पढ़ी अउरी सुनीं का का कहले निर्देशक साहेब।

वीडियो👇

जिला में चौरीचौरा के घटना पर बन रहल हिंदी फीचर फिल्म '1922 प्रतिकार चौरी चौरा' फिल्म के मुहूर्त शनिचर के योगीराज बाबा गंभीरनाथ प्रेक्षागृह में समारोह पूर्वक मुहूर्त संपन्न भइल। मुहूर्त के क्लैप राज्य महिला आयोग के उपाध्यक्ष अंजू चौधरी जी कईनी।

सरायु विजन के बैनर तले बन रहल फिल्म के प्रस्तुति भारतेंदु नाट्य अकादमी के अध्यक्ष रवि शंकर खरे द्वारा कईल जा रहल बा। अभीक भानु द्वारा निर्देशित एह फिल्म के स्वतंत्रता के 75वें वर्ष अउरी चौरीचौरा शताब्दी वर्ष के समर्पित कईल गईल बा। भोजपुरी न्युज़ से बात करत निर्देशक अभीक भानु जी बतावनी कि फिल्म के शूटिंग ख़ातिर गोरखपुर, गोला बाजार, चौरी चौरा अउरी इलाहाबाद के कुछ स्थान चिन्हित कईल गईल बा। शूटिंग दु महीना तक चली। मुहूर्त के दौरान राज्य व्यापारी कल्याण आयोग के उपाध्यक्ष पुष्पदंत जैन, अतुल कुमार पांडेय, सुमित कुमार, माधवी, गौरव शंकर खरे, दुर्गेश खरे आदि गणमान्य लोग मौजूद रहले।

सुनी भोजपुरी न्युज़ से बाद करत का कहले डायरेक्टर अभीक भानु जी👇



Post a Comment

0 Comments