विज्ञापन

ग्लोबल भोजपुरियंस के प्रस्तुति "रेलिया बैरन" से स्वच्छ भोजपुरी के मिलल एगो अउरी सहारा, दर्शक लोगन के मिलता दिल खोलिके प्यार।

ग्लोबल भोजपुरियंस के प्रस्तुति "रेलिया बैरन" से स्वच्छ भोजपुरी के मिलल एगो अउरी सहारा, दर्शक लोगन के मिलता दिल खोलिके प्यार

भोजपुरी के बढ़िया संगीत, साहित्य अउरी कला के बढ़ावे के साथ साथ ओके आधुनिक अउरी प्रासंगिक बनावे खातिर सिंगापूर में रहे वाला भोजपुरिया लोग के यूट्यूब चैनल ग्लोबल भोजपुरियंस के शुरुवात कईल गईल बा। अउरी इ चैनल अपना शुरुवाती चरण में ही आपन गीत "रेलिया बैरन" के माध्यम से आपन उदेश्य बिलकुल साफ कई दिहले बा लोग

एह चैनल के संथापक सदस्य लोग में सिंगापुर में रहे वाला भोजपुरिया समाज के लोग बा जवन भारत के अलग अलग भोजपुरिया भाषी क्षेत्र के रहे वाला हा लोग अउरी सिंगापुर में भी भोजपुरी के अलख जागवले बा लोग। एहमे प्रमुख रूप से शैलेन्द्र द्विवेदी, रत्नेश पाण्डेय, सौरभ श्रीवास्तव अउरी ब्रज भूषण कुमार जी बानी, जवन  भोजपुरी के सही वैल्यू अउरी संस्कृति के सामने लियावे अउरी अपना मातृभाषा के सम्मान खातिर तन मन अउरी धन से पूर्ण रूप से समर्पित बा लोग । एकरा हर अइसन चीज के प्रमोट करेला लोग जवना से भोजपुरी के साफ-स्वच्छ अउरी श्लील बनावल जा सको

एही कड़ी में ग्लोबल भोजपुरियंस के यूट्यूब चैनल से रिलीज एगो  गीत "रेलिया बैरन" दर्शक लोगन के काफी पसंद अवाता अउरी यूट्यूब पर अब तक एह गीत के 70 हजार के लगभग लोग देखि चुकल बाड़े अउरी इ संख्या अभी आगे बढ़ते जाता। एह गीत के आदर्श आदी जी अपना आवाज से सजवले बानी अउरी उंहा के आवाज़ लोगन के मन मोहि लेता अउरी साथ ही अभिनय से सजवले बा लोग किरते गुप्ता अउरी अलोक सिंह राजपुत जी , एह दुनो जाना के जोड़ी भी धमाल मचा दिहले बिया। गीत एकर पारम्परिक बा लेकिन अतिरिक्त गीत एकर आदर्श आदी जी लिखने बानी, संगीत एकर सुशांत देव जी देले बानी अउरी विशेष सहयोग प्रेम लता आर्य अउरी आर्या परिवार के बा

एह गीत एगो पत्नी अपना पति के रोज रोज के बाहर गायीला से परेशान बिया अउरी ओकरा रेल ही आपन सबसे बड़ दुश्मन नजर अवातिया, पत्नी के भूमिका में किर्ते गुप्ता बिलकुल सहज तरीका से एगो पत्नी के दर्द के स्क्रीन पर उतार दिहले बाड़ी साथ ही पति के भूमिका में अलोक भी जंच रहल बाड़े

त अगर अभी ले रउवा इ मधुर गीत नइखी देखले या सुनले त अभी जाई यूट्यूब पर सुनी इ गीत



Post a Comment

0 Comments