विज्ञापन

बलिया : रेवती कस्बा के विक्की राय हत्या के पुलिस कइलस खुलासा, दोस्त ही निकलल कातिल।



बलिया : रेवती कस्बा के विक्की राय हत्या के पुलिस कइलस खुलासा, दोस्त ही निकलल कातिल।

जिला रेवती कस्बा निवासी विक्की राय के हत्या केहू अउरी ना बल्कि उनकर दोस्त मंजय गोड़ कइले रहे। इ दावा करत  पुलिस  24 घंटा में मामला के पर्दाफाश कइले । मंगर के आरोपित के गिरफ्तार कई लिहलस ।उनकर निशानदेही पे हत्या में प्रयुक्त धारदार हथियार भी बरामद कई  लिहल गईल। पुलिस के दावा बा कि विक्की के आरोपित के घरे आना-जाना रहल। एकरा के लेके मंजय मन में कवनो शक पाल बैठल रहे।

एसएचओ रामायण सिंह  बतवले कि विक्की अउरी मंजय के बीच गहरा दोस्ती रहे। विक्की मंजय के घरे अक्सर आवत जात रहे। उ ओकर पत्नी के साथ भी हंसी-मजाक करत रहे। मंजय के शक होखला पे विक्की के घरे आवे से मना भी कइले रहे। पुलिस के अनुसार शनिचर के रात खिचड़ी भोज के बाद दूनों  गुदरी बाजार में शराब पीएले । फेरू मंजय आपना बाइक से विक्की के लेके सहतवार के तरफ चल गईल।

सहतवार थाना क्षेत्र के भगवानपुर गांव जाए वाला संपर्क मार्ग के पास दूनों फेरू शराब पीएले। एह दौरान मंजय विक्की के सिर पे दाव से प्रहार कई दिहलस। एकरा बाद उ भाग न पावे एह खातिर घुटना पे भी वार कइलस। आरोपित ओकरा मृत समझ के वहां से फरार हो गईल।

घटना के दुर्घटना साबित करे के खातिर आरोपित आटन बाइक के हेडलाइट तोड़ दीहलस । अतवार के सुबह त्रिकालपुर में कुछ महिला  घायल विक्की के देख। उ लोग शोर मचवली त दौड़ लावे वाला युवक मौका पे पहुंच गईले।  घायल के निजी एंबुलेंस से सीएचसी रेवती पहुंचवले। जहां उपचार के दौरान उनकर उ दम तोड़ दिहले। पुलिस जांच के दौरान सीएचसी रेवती पे लागल सीसीटीवी कैमरा के फुटेज से एंबुलेंस अउरी युवक के पहचान के बाद घटना के तह तक पहुंच गईल। पोस्टमार्टम रिपोर्ट में धारदार हथियार से हत्या पुष्टि होखते ही 302 के तहत प्राथमिक दर्ज कई के जांच में जुट गईल।

मंगर के सुबह लगभग दस बजे बाइक के मरम्मत कराके सहतवार से पचरूखा गांव में रिश्तेदारी में जात रहे मंजय के पुलिस मंदिर के समाने से गिरफ्तार कई लिहलस। ओकर निशानदेही पे घटना स्थल के समीप से पुलिस  हथियार भी बरामद कई लिहलस। आरोपित के जेल भेज दिहल गईल। गिरफ्तार करे वाला पुलिस टीम में एसएचओ रामायण सिंह, एसआई अमित सिंह, अजय यादव आदि शामिल रहले।

Post a Comment

0 Comments