विज्ञापन

‘रेलिया बैरन’ के बाद ‘फाल्स फ़ेस’ (False Face) बनाके ग्लोबल भोजपुरियंस टीम बढ़ावलस एगो कदम अउरी स्वच्छ भोजपुरी के ओर।

‘रेलिया बैरन’ के बाद ‘फाल्स फ़ेस’ (False Face) बनाके ग्लोबल भोजपुरियंस टीम बढ़ावलस एगो कदम अउरी स्वच्छ भोजपुरी के ओर।

‘रेलिया बैरन’ के बाद ‘फाल्स फ़ेस’ (False Face) बनाके ग्लोबल भोजपुरियंस द्वारा बढ़ाबल गईल एगो कदम अउरी स्वच्छ भोजपुरी की ओर। भोजपुरी स्वच्छ गीत “रेलिया बैरन” के अपार सफलता के बाद ग्लोबल भोजपुरियंस टीम बनावलस स्वच्छ भोजपुरी लघु फ़िल्म ‘False Face’। ई फ़िल्म भोजपुरी में बा अउरी एकर टाइटल अंग्रेज़ी में बा जवन कि कोरोना कॉल में एगो ग्लोबल संदेश दे रहल बिया। 

दर्शकन के मिल रहल बा दिल खोलके प्यार।

 भोजपुरी के सुंदर संगीत, साहित्य अउरी कला के बढ़ाने के साथ साथ ओकरा के आधुनिक अउरी प्रासंगिक बनावे ख़ातिर सिंगापूर में रहे वाले भोजपुरिया समाज के लोगन के यूट्यूब चैनल ग्लोबल भोजपुरियंस के शुरुवात कईल गईल अउरी ई चैनल अपना शुरुवाती चरण में ही अपना गीत “रेलिया बैरन” के माध्यम से आपन उदेश्य बिलकुल साफ कर दिहले बा लोग।

टीम ग्लोबल भोजपुरीयंस

इस चैनल के संथापक सदस्यन में सिंगापुर में रहे वाले भोजपुरिया समाज के लोग बाड़े जो भारत के अलग अलग भोजपुरिया भाषी क्षेत्र के रहे वाला बाड़े। ई लोग सिंगापुर में भी भोजपुरी के अलख जगा रहल बाड़े। एहमे से प्रमुख रूप से शैलेन्द्र द्विवेदी सलेमपुर देवरिया के रहने वाले हैं, ब्रज भूषण कुमार चंदौली वाराणसी से, रत्नेश पाण्डेय गोरखपुर से अउरी सौरभ श्रीवास्तव देवरिया के रहे वाला बड़े। ई लोग पेशा से इंजीनियर, डाक्टर, मैनेजर अउरी साइंटिस्ट बाड़े लेकिन जब भी समय मिलेला त ई लोग भोजपुरी के सही वैल्यू अउरी संस्कृति के सामने लावे अउरी अपना मातृभाषा के सम्मान ख़ातिर तन मन अउरी धन से पूर्ण रूप से समर्पित हो जाले। ई लोग हर उस चीज को प्रमोट करेला जवना से भोजपुरी के साफ-स्वच्छ और सुंदर बनाबल जा सको।

संस्था के सदस्य से बात चीत में पता चलल कि ई लोग बहुत सारा प्रोजेक्ट पर काम रहल बाड़े अजरी इनकरा लोग के कोशिश बा कि हर महीने स्वच्छ भोजपुरी गाना बनो जवन कि रउवा अपना परिवार के साथ बईठ के देख सकी अउरी सुन सकी। 

एकरा अलावा भोजपुरी समाज के जागरूक करे ख़ातिर बहुत सारा लघु फ़िल्म पर भी काम रहल ब लोग। जवना में से ‘False Face’ एगो बा। ई फ़िल्म सिंगापुर अउरी कुछ इंटर्नैशनल फ़िल्म फ़ेस्टिवल में दिखावल जा चुकल बा अउरी दर्शकन के भी भरपूर प्यार मिल रहल बा।

त रउवा अभी तक नइखी देखले त जरुर ग्लोबल भोजपुरीयंस के चैनल पर जाके देखी।

Post a Comment

0 Comments