विज्ञापन

कुशीनगर : कार ट्रेक्टर के भिड़ंत, सगाई कइके लौटत देवरिया जिला के रहे वाला 5 युवकन के दर्दनाक मौत।

कुशीनगर : कार ट्रेक्टर के भिड़ंत, सगाई कइके लौटत देवरिया जिला के रहे वाला 5 युवकन के दर्दनाक मौत।

जिला के रामपुर बगहा कुटी गांव के पास बियफे के रात एगो सड़क हादसे में देवरिया जिला के रुद्रपुर के पांच युवकन के दर्दनाक मौत हो गईल। 18 से 25 वर्ष के सभ युवक दोस्त के सगाई समारोह से लौटत रहले। कार सवार नौ युवकों में चार के हालत नाजुक बनल बा। उनकरा लोगन के इलाज मेडिकल कॉलेज गोरखपुर में चल रहल बा। घटना के सूचना मिलते ही रुद्रपुर में कोहराम मच गईल। सगाई में गईल युवकन के घर में मातम पसर गईल। बतावल जाता कि शिवालावार्ड के रामकृपाल वर्मा के बेटा मनीष वर्मा के शादी महराजगंज जिला में तय भइल। बियफे के वर अउरी वधु पक्ष के लोग रामकोला मंदिर में सगाई अउरी गोदभराई के रस्म निभावे पहुंचल रहले। मांगलिक कार्यक्रम में दूल्हा के साथी भी गईल रहले। देर शाम सगाई के बाद रुद्रपुर लौट रहल कार रामपुर बगहा कुटी के पास सामने से आवत  ट्रैक्टर ट्राली से टकरा गईल। स्विफ्ट डिजायर कार में चालक सीहित कुल नौ युवक सवार रहले।टक्कर अतना तेज रहल कि कार के परचख्खा उड़ गईल। कार के अंदर सभ सवार फंस गइले। राहगीर लोगन के काफी मशक्कत के बाद उनकरा लोगन के कार से बाहर निकालल गईल। जवना में से प्यारे लाल वर्मा (26) के मौके पर ही मौत हो गईल। ओहीजे अभिषेक वर्मा (19), रुद्रेश चौबे सुंदरम (18), अब्रेज अंसारी राज (18) अउरी जित्तू मद्देशिया (19) के मेडिकल कॉलेज गोरखपुर ले जात समय मौत हो गईल। जबकि गाड़ी चलावट रहले शिवकुमार, मनीष, सोनू अउरी पवन बुरी तरह घायल बाड़े उनकर भी हालत नाजुक बनल बा। चारों घायलन के इलाज मेडिकल कॉलेज गोरखपुर में चल रहल बा। कार में दूल्हा मनीष अपना दुनों भाइन अभिषेक अउरी सोनू के साथ रहले। जवनामें छोटे भाई अभिषेक के मौत हो गईल। सोनू और मनीष के हालत भी गम्भीर बनल बा। एह हृदय विदारक घटना के बाद रुद्रपुर के चार वार्ड में मातम पसरल बा। 

Post a Comment

0 Comments