विज्ञापन

कुशीनगर : स्कूल बस के चपेट में आके बच्ची के मौत, परिजन के रोरो के बुरा हाल।

कुशीनगर : स्कूल बस के चपेट में आके बच्ची के मौत, परिजन के रोरो के बुरा हाल।

जिला के पटहेरवा थाना क्षेत्र के समउर-पटहेरिया मार्ग पे बिहार बुजुर्ग गांव के पासे स्कूल बस से उतरके अआपन घरे जात रहल पांच वर्षीय बच्ची के दूसर स्कूल बस के चपेट में आइला से मौत हो गईल। बिहार बुजुर्ग गांव निवासी अजय सैनी के पांच वर्षीय पुत्री आरुषि एगो निजी विद्यालय में पढे ले। बुध के दोपहर बाद स्कूल बस के चालक बच्ची के घर के सामने छोड़के आगे बढ़ गईल। बच्ची अभी घर के तरफ बढ़त ही रहल कि  पटहेरिया के तरफ से आवत रहल एगो अन्य स्कूल बस के चपेट में आके गंभीर रूप से घायल हो गईल। परिजन बच्ची के लेके फाजिलनगर सीएचसी ले गईल जहां डॉक्टर प्राथमिक उपचार के बाद  जिला अस्पताल रेफर कई दिहले। जहां उपचार के दौरान बच्ची के मौत हो गईल। घटना के सूचना पे पहुंचल पुलिस  स्कूल बस के कब्जा में ले लिहलस। एह घटना के बाद परिवार वाला के रो रो के बुरा हाल हो गईल बा।

Post a Comment

0 Comments