विज्ञापन

देवरिया : ट्रैक्टर ट्रॉली के चपेट में आइला से एगो 18 वर्षीय युवक के मौत।

देवरिया : ट्रैक्टर ट्रॉली के चपेट में आइला से एगो 18 वर्षीय युवक के मौत।

जिला के खुखुंदू थाना क्षेत्र के बरडीहा चौराहा पे ट्रैक्टर ट्रॉली के चपेट में आइला से एगो 18 वर्षीय युवक के मौत हो गईल। घटना के बाद मौका पे भारी भीड़ जुट गईल। जवना में कुछ देर तक आवागमन बाधित रहल। सूचना पे पहुंचल पुलिस  शव के कब्जे में लेके आवागमन चालू करावल गइल। ट्रैक्टर ट्रॉली छोड़के चालक फरार हो गईल। पुलिस  दुनों वाहन के कब्जा में लेके लिहलस।

बिहार प्रांत के सिवान जिला के थाना असाव अंतर्गत पिपरहियां निवासी दिनेश सिंह के सात गो  संतान में सबसे छोट आकाश कुमार सिंह (18) रहले। परिजन अउरी पुलिस के मुताबिक घटना के एक दिन पहले आकाश गुजरात से घर आइल रहले। बुध के उ बभनी रिश्तेदारी में आइल रहले। इहा से भटनी स्थित खिरिया बहन ऊषा देवी के घरे जात रहले। बाइक लेके अभी नूनखार- भटनी मार्ग पे बरडीहा चौराहा के पास ही पहुंचल रहले कि सामने से तेज गति से आवत रहल ट्रैक्टर ट्रॉली के चपेट में आ गईले। जवना में उनकर मौका पे ही दर्दनाक मौत हो गईल। घटना के बाद काफी देर तक शव के शिनाख्त ना हो पाईल । शव के शिनाख्त होखेला के बाद पुलिस  घटना के जानकारी परिजन के दीहले। 

Post a Comment

0 Comments